गोरखपुर में सपा नेता विनय शंकर तिवारी के ठि‍कानन पs ED के छापामारी

Minee Upadhyay
विनय शंकर तिवारी

प्रवर्तन निदेशालय सोमार के सबेरे लखनऊ, नोएडा, गोरखपुर, मुंबई आ दिल्ली में बैंकन से 700 करोड़ से अधिका के गबन के आरोप में विधायक रहल विनय शंकर तिवारी के कंपनी गंगोत्री इंटरप्राइजेज के कार्यालयन पs छापा मार दिहलस. एकरा में गंगोत्री के एसोसिएट कंपनी के कार्यालय भी शामिल बा। इs कार्रवाई लखनऊ के पांच जगह, नोएडा अवुरी गोरखपुर में दु-दु अवुरी दिल्ली अवुरी मुंबई में एक-एक जगह पs भईल। कंपनी के कार्यालय अवुरी विनय के घर से बहुत दस्तावेज अवुरी कंप्यूटर जब्त कs लिहल गईल बा। एकरा संगे दुगो कार्यालय के भी सील कs दिहल गईल बा।

ईडी विनय शंकर तिवारी के नोटिस जारी कs के कई बेर फोन कईले लेकिन उs हाजिर ना भईले। ईडी एही आधार पs ई कार्रवाई कइलस. सोमार के सबेरे ईडी के दर्जन भर से अधिका टीम एके साथे एह कार्रवाई के शुरुआत कs दिहलस. टीम लखनऊ के शहीद पथ के लगे हजरतगंज समेत पांच जगह पs पहुंचते हंगामा मच गईल। जइसहीं ईडी एह लोकेशनन पs पहुँचल तs दरवाजा बंद कर दिहलस आ केहू के भीतर आवे भा बाहर निकले से रोक दिहलस. ईडी के जांच में पाता चलल कि गंगोत्री इंटरप्राइजेज बैंकन के कंसोर्टियम से 1129.44 करोड़ रुपिया के लोन (सीसी लिमिट) लेले रहे। एकरा में करीब 750 करोड़ रुपया वापस ना भईल।

बैंक के शिकायत पs सीबीआई गंगोत्री इंटरप्राइजेज अवुरी ओकरा सहयोगी कंपनी के निदेशक, प्रमोटर अवुरी गारंटर के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज करवले रहे। एही आधार पs ईडी मनी लांड्रिंग एक्ट के तहत जांच शुरू कs देले रहे। ईडी लगभग 100 करोड़ के संपत्ति जब्त कs चुकल बा।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।
Leave a Comment