[the_ad_group id="30365"]

UP: तीन मासूम लईकन के संगे तालाब में कूदल महिला, सास के तेरहवीं के बाद उठवलस खाैफनाक डेग; गांव में छाइल मातम

UP: तीन मासूम लईकन के संगे तालाब में कूदल महिला, सास के तेरहवीं के बाद उठवलस खाैफनाक डेग; गांव में छाइल मातम
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भदोही : दुर्गागंज थाना क्षेत्र अंतर्गत जद्दोपुर गांव में बियफे के सबेरे दिल दहला देवे वाला एगो घटना सामने आइल बा। गांव के रहे वाली अन्नू देवी (35) अपना तीन मासूम लईकन के संगे तालाब में कूद गइल। एह दर्दनाक घटना से पूरा गांव में कोहराम मच गइल बा।

खबर लिखल जाये तक खाली एगो लईका के शव उतरात मिलल रहे। पुलिस आ गोताखोरन के टीम जाल लगाके आउर के तलाश करत रहे। घटना के जानकारी मिलतही आसपास के सइयन गो ग्रामीण तालाब के पास जमा हो गइल लो।

जानकारी के अनुसार, अन्नू देवी अपना परिवार के संगे मुंबई में रहत रहली। कुछ दिन पहिलही ऊ आपन सास चमेलिया देवी के तेरहवीं में सामिल होखे खातिर आइल रहली। बतावल जा रहल बा कि सास के मौत के बादे से अन्नू गहिराह सदमा में रहली।

परिजनन में मचल कोहराम

परिजन बतावल लो कि ऊ अक्सर रोवत कहत रहे, ‘अब केकरा सहारे जिएम?’ बियफे के सबेरे ऊ अपना बेटी दीक्षा (8), बेटा सूर्यांश (6) आ दिव्यांश (3) के संगे गांव के तालाब पs पहुंचल आ छलांग लगा देलस। सबेरे होखला पs दिव्यांश के शव तालाब में उतरात मिलल, जवना के बाद हड़कंप मच गइल।

घटना के सूचना पाके पुलिस मवका पs पहुंचल आ शवन के तलाश में जुट गइल। थाना प्रभारी बतवलें कि प्राथमिक जांच में ममिला आत्महत्या के प्रतीत हो रहल बा, बाकिर वास्तविक कारणन के जांच कइल जा रहल बा।

ग्रामीणन में एह बात के चरचा बा कि पारिवारिक तनाव भा मानसिक अवसाद एह घटना के वजह हो सकत बा। खबर लिखल जाये तक कवनो ठोस कारण के पुष्टि नइखे भइल। एह हृदय विदारक घटना से पूरा गांव में शोक के लहर दौड़ गइल। परिजनन के रो-रोके बुरा हाल बा आ पूरा गांव में सन्नाटा पसरल रहे। ग्रामीण लोग प्रशासन से ममिला के गंभीरता से जांच कs के उचित कार्रवाई के मांग कइल।

Read Also: LA Olympics: ओलंपिक में 128 साल बाद क्रिकेट के वापसी; छव टीम लिहें सs हिस्सा, एक स्क्वॉड में रहिहें 15 खिलाड़ी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]