महंगाई के एगो अउरी झटका, एलपीजी 50 रुपया महंगा हो गइल

Share

महंगाई के चलते परेशान जनता के एगो अवुरी झटका मिलल बा। गैस कंपनी घरेलू एलपीजी सिलेंडर के दाम में भारी बढ़ोतरी कईले बाड़ी। अब 14.2 किलो के घरेलू एलपीजी सिलेंडर खातिर 50 रुपया जादा देवे के होई। अब दिल्ली में घरेलू एलपीजी सिलेंडर के भाव 1053 रुपया हो जाई। जबकि, पहिले एकर कीमत 1003 रुपया रहे। ई नया दाम आजु से प्रभावी हो गइल बा.

एकरा अलावे पांच किलो घरेलू गैस सिलेंडर के दाम में भी बढ़ोतरी भईल बा। अब पांच किलो सिलेंडर के दाम में 18 रुपया के बढ़ोतरी दर्ज भईल बा। हालांकि 19 किलो के कमर्शियल सिलेंडर के दाम में 8.50 रुपया के गिरावट आईल बा।

बताईं कि अभी कुछ दिन पहिले तेल वितरण कंपनी के ओर से कमर्शियल सिलेंडर के दाम बढ़ावल गईल रहे। अब बुधवार के सबेरे घरेलू सिलेंडर के दाम भी बढ़ावल गईल बा।

ध्यान देवे वाला बात बा कि पहिला बेर घरेलू सिलेंडर के दाम बढ़ावल गईल बा जबकि कमर्शियल सिलेंडर के दाम कम भईल बा। बुध का दिने कमर्शियल सिलेंडर के दाम में नौ रुपिया के कटौती कइल गइल बा. दिल्ली में 19 किलो के कमर्शियल सिलेंडर के कीमत अब बढ़ के 2012 रुपया हो गईल बा। नई दिल्ली में 6 जुलाई 2022 से गैस सिलेंडर लागू हो चुकल बा।

अलग-अलग शहर में घरेलू गैस सिलेंडर (14.2 किलो) के बदलल कीमत निम्नलिखित बा-

दिल्ली- 1,053 रुपये प्रति सिलेंडर
मुंबई- 1,052 रुपये
कोलकाता- 1,079 रुपये
चेन्नई- 1,068 रुपये

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-