पंजाब में कांग्रेस के बड़ झटका लागल बा। हिमाचल प्रदेश में कांग्रेस प्रभारी अवुरी प्रियंका गांधी के करीबी तजिंदर सिंह बिट्टू पार्टी के प्राथमिक सदस्यता से इस्तीफा दिहला के कुछ घंटा बाद भाजपा में शामिल भईले। उs दिल्ली में केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव अवुरी भाजपा महासचिव विनोद तावड़े के मौजूदगी में भाजपा के सदस्यता लेले। एकरा से पहिले सोशल मीडिया पs अपना इस्तीफा के जानकारी देत बिट्टू कहले कि भारी दिल से हम 35 साल बाद कांग्रेस पार्टी से इस्तीफा दे रहल बानी। हालांकि उs इस्तीफा के कारन ना बतवले।
#WATCH | Tajinder Singh Bittu, who resigned from Congress today, joins BJP at the party headquarters in Delhi in the presence of Union Minister Ashwini Vaishnaw and party general secretary Vinod Tawde
Tajinder Singh Bittu resigned from his post of AICC Secretary In-Charge… pic.twitter.com/LaTBgI315v
— ANI (@ANI) April 20, 2024
बता दीं कि पंजाब के पूर्व मुख्यमंत्री कैप्टन अमरिंदर सिंह के कांग्रेस छोड़ला के बाद बहुत वरिष्ठ नेता एक-एक कs पार्टी छोड़ रहल बाड़े। कांग्रेस छोड़े वाला अधिकांश नेता भाजपा में शामिल हो गईल बाड़े। एहमें अमरिंदर सिंह, सुनील जाखड़ समेत बहुते नेता शामिल बाड़े.