Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

लोकसभा चरण 1 के चुनाव लाइव: पहिला चरण में 62.27 प्रतिशत मतदान, पीएम मोदी कहले – एनडीए के अपार समर्थन मिलता

474

लोकसभा चुनाव 2024 के चरण 1 मतदान : दुनिया के सबसे बड़ लोकतांत्रिक महोत्सव आज से शुरू हो गइल बा । लोकसभा चुनाव के पहिला चरण में आज 21 गो राज्य आ केंद्र शासित प्रदेशन के 102 सीट पर मतदान चलत बा । कुल संसदीय क्षेत्र के 19 प्रतिशत सीट प मतदान चलता। 44 दिन के लोकतांत्रिक सफर एक जून ले जारी रही । रिजल्ट 4 जून के घोषित कइल जाई । अरुणाचल प्रदेश आ सिक्किम के 92 गो विधानसभा सीट प भी मतदान हो रहल बा।

अंडमान आ निकोबार के शोपेन जनजाति पहिला बेर वोट दिहलस

11:06 PM, 19-APR-2024

अंडमान आ निकोबार द्वीप समूह के शोपन जनजाति के सात गो सदस्य केंद्रीय क्षेत्र के अकेला लोकसभा सीट खातिर आपन मताधिकार के इस्तेमाल कइले । विशेष संवेदनशील आदिवासी समूह के श्रेणी में आवे वाला इ समुदाय पहिला बेर जंगल से बाहर निकल के वोट देले बा।

शोपेन जनजाति के सदस्य वन मजदूरन के क्वार्टर के भीतर स्थित शोपेन हट नाम के मतदान केंद्र 411 प आपन वोट देले। ओकरा बाद चुनाव आयोग के लगावल कटआउट प सेल्फी भी लेले। एह सदस्यन के भाषा सहायता देबे खातिर एगो दुभाषिया भी मौजूद रहले । जनगणना 2011 के अनुसार शोपेन जनजाति के जनसंख्या 229 रहल।

मुख्य निर्वाचन अधिकारी बीएस जगलन कहले कि, पहिले हमनी के ओ लोग के ईवीएम आ वीवीपीएटी के बारे में प्रशिक्षण देनी। जगलन कहले कि, ओंगे आ ग्रेट अंडमानी जईसन दुगो आ आदिवासी जनजाति भी 2019 के लोकसभा चुनाव निहन वोट देले रहले, लेकिन शोपेन जनजाति के कुल 98 मतदाता में से सात मतदाता पहिला बेर आपन मताधिकार के इस्तेमाल कइले।

11:06 PM, 19-APR-2024

मिजोरम : चुनावी ड्यूटी प सुरक्षाकर्मी के दिल के दौरा से मौत

मिजोरम में चुनावी ड्यूटी प मौजूद एगो 28 बरीस के सुरक्षाकर्मी के शुक का दिने दिल के दौरा पड़ के मौत हो गइल । चम्पाई जिला के वांगछिया मतदान केन्द्र पर शुक का सबेरे लालरिनपुइया के लाश मिलल । सबेरे करीब 4.45 बजे दिल के दौरा पड़ के उनुकर मौत हो गईल। पोस्टमार्टम के बाद उनकर लाश उनका पैतृक गांव भेज दिहल गइल बा।

797360cookie-checkलोकसभा चरण 1 के चुनाव लाइव: पहिला चरण में 62.27 प्रतिशत मतदान, पीएम मोदी कहले – एनडीए के अपार समर्थन मिलता

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.