नाइजीरिया में दर्दनाक हादसा, नाव पलटले के बाद 27 लोग के मउत; 100 लोग लापता
उत्तरी नाइजीरिया के नाइजर नदी में नाव पलटला से अबहीं ले 27 लोग के मउत हो चुकल बा जबकि नाहियो तs 100 लोग के लापता होखे के खबर बा. अधिकारी एs दुर्घटना के बारे में जानकारी देले बाड़े। अब ले कवनो जानकारी नईखे मिलल कि नाव काहें डूब गईल। राहत आ बचाव के काम चल रहल बा।नाव में व्यापारी रहलेराष्ट्रीय अंतर्देशीय जलमार्ग प्राधिकरण (NIWA) के प्रवक्ता मकामा सुलेमान बतवले कि नाव में मुख्य रूप से मध्य कोगी राज्य के मीसा समुदाय के व्यापारी रहले, जवन कि पड़ोसी नाइजर राज्य के साप्ताहिक बाजार में जात रहले।
सुलेमान बतवले कि बचाव अभियान अभी भी जारी बा, बाकिर मरेवाला लोग के सही संख्या के बारे में अबे ले पता नईखे चलल। उs बतवले कि कवनो यात्री लाइफ जैकेट ना पहिनले रहले, जवना से मउत के खतरा बहुत बढ़ गईल।दुर्घटना अक्सर होलाएगो स्थानीय टीवी चैनल गवाहन के हवाला से कहलस कि मौका पs नाहियो तs 27 लोग के मउत के पुष्टि भइल बा जबकि स्थानीय गोताखोर लोग के बचावे के कोशिश करत बाड़े. बतावल जाता कि नाव पs अधिकांश महिला रहली। नाव में 200 से अधिका यात्री रहले। पश्चिम अफ्रीका के एह देश में नाव पलटे के दुर्घटना अक्सर होला. आमतौर पs ओवरलोडिंग, मौसम के बिपरीत स्थिति आ परिचालन में गलती नियर कारक सभ के एह घटना सभ के कारण बतावल जाला।