आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे पs बड़ सड़क हादसा, 5 गो डॉक्टर के भइल मउत,1 घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 27, 2024

    उत्तर प्रदेश के कन्नौज जिला के आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे पs एगो बड़ सड़क दुर्घटना भईल। तेज रफ्तार से आवत कार नियंत्रण खो दिहलस अवुरी ट्रक से टकरा गईल, जवना से डिवाइडर टूट गईल। एह

Share

कन्नौज में भीषण सड़क हादसा में डॉक्टरन के मउत

 

 

उत्तर प्रदेश के कन्नौज जिला के आगरा-लखनऊ एक्सप्रेसवे पs एगो बड़ सड़क दुर्घटना भईल। तेज रफ्तार से आवत कार नियंत्रण खो दिहलस अवुरी ट्रक से टकरा गईल, जवना से डिवाइडर टूट गईल। एह हादसा में कार में सवार पांच गो डाक्टरन के मौका पs मउत हो गइल जबकि एगो अउरी नवही घवाहिल हो गइल. पांचो डॉक्टर सैफई मेडिकल कॉलेज में तैनात रहले अवुरी लखनऊ से वापस सैफई जात रहले। तिर्वा कोतवाली इलाका के 196 किलोमीटर कट के लगे ई हादसा भइल.

सैफई मेडिकल यूनिवर्सिटी के रहले छात्र 

एह हादसा में मरे वाला सगरी डाक्टर सैफई मेडिकल यूनिवर्सिटी के पीजी स्टूडेंट रहलें. दुर्घटना के बाद गाड़ी में सवार एगो अवुरी पीजी छात्र गंभीर रूप से घाही हो गईल, जवना के तुरंत अस्पताल में भर्ती करावल गईल। दुर्घटना के खबर मिलते पुलिस अवुरी एम्बुलेंस मौका पs पहुंचल अवुरी राहत के काम शुरू कs दिहल गईल। फिलहाल दुर्घटना के विस्तृत जांच चलता अवुरी पुलिस भी जांच करतिया कि चालक सुतल रहे कि का भइल रहे जवना के चलते इs दुर्घटना भइल.

सबेरे-सबेरे: एक्सरसाइज कइले बिना घटावल जा सकेला वजन, रोजो फॉलो करीं इs जबरदस्त tips

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.