भारत सरकार अवुरी आईआईटी कानपुर के सहयोग से Direct-to-Mobile (D2M) तकनीक भारत में 1 मई 2025 से परीक्षण शुरू कs देले बा। एह तकनीक के माध्यम से मोबाइल यूजर बिना इंटरनेट चाहे वाई-फाई के स्मार्टफोन पs लाइव टीवी, ओटीटी कंटेंट अवुरी बाकी मल्टीमीडिया सेवा के आनंद ले सकतारे।
डी 2 एम तकनीक एफएम रेडियो निहन काम करेले, जवना में सिग्नल सीधा मोबाइल डिवाइस में भेजल जाला, जवना से इंटरनेट के जरूरत ना पड़ेला। ई तकनीक खास तौर पर ओह इलाका में फायदेमंद होखी जहाँ इंटरनेट कनेक्टिविटी सीमित बा भा उपलब्ध बा.
सरकार के लक्ष्य बा कि डी टू एम तकनीक के माध्यम से 8-9 करोड़ टीवी डार्क घराना तक पहुंचल जाए, जहां पारंपरिक टीवी सेवा उपलब्ध नईखे। एकरा अलावे इ तकनीक 5जी नेटवर्क पs वीडियो ट्रैफिक के बोझ कम करे में भी मदद करी, जवना से नेटवर्क के क्षमता बढ़ी।
एचएमडी अवरू लावा जईसन कंपनी डी 2 एम सक्षम मोबाइल फोन के विकास में लागल बिया, अवरू इ फोन जल्दिए भारतीय बाजार में लॉन्च कईल जाई। एs फोन के मदद से यूजर बिना डेटा के खपत कईले वीडियो कंटेंट के आनंद ले सकतारे।
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन