PM Modi: ‘श्रीराम के जीवन राष्ट्र निर्माण के बड़ आधार’, तमिलनाडु के 8300 करोड़ के सौगात देके बोललें पीएम मोदी

PM Modi: 'श्रीराम के जीवन राष्ट्र निर्माण के बड़ आधार', तमिलनाडु के 8300 करोड़ के सौगात देके बोललें पीएम मोदी

Share

सेंट्रल डेस्क: तमिलनाडु में प्रधानमंत्री मोदी 8300 करोड़ रुपिया से जादे के परियोजनन के आधारशिला रखलें आ राष्ट्र के समर्पित कइलें। एह दौरान ऊ एगो विशाल जनसभा के संबोधित कइलें। ऊ कहलें, ‘आज राम नवमी के पावन परब बा, अब से कुछ समय पहिले अयोध्या के भव्य राम मंदिर में रामलला के सूर्य किरण भव्य तिलक कइले बा। भगवान श्रीराम के जीवन, उनका राज्य से मिले वाली सुशासन के प्रेरणा राष्ट्र निर्माण के बड़ आधार बा।’

ऊ कहलें कि बीतल 10 बरिसन में भारत अपना इकोनॉमी के साइज दोगुना कइले बाड़ें। एतना तेज ग्रोथ के एगो बड़ कारण हमनी के सानदार मॉडर्न इंफ्रास्ट्रक्चर बा। बीतल 10 बरिसन में हमनी के रेल, रोड, एयरपोर्ट, पानी, पोर्ट, बिजली, गैस पाइप लाइन… ई इंफ्रास्ट्रक्चर के बजट करीब 6 गुना बढ़वले बा।

‘देस में बहुत तेजी से बड़-बड़ प्रोजेक्ट्स पs हो रहल बा काम’

पीएम मोदी कहलें कि आज देस में बहुत तेजी से बड़-बड़ प्रोजेक्ट्स पs काम हो रहल बा। रउआ उत्तर में देखम तs जम्मू कश्मीर में दुनिया के सबसे ऊंचे रेल ब्रिज में से एगो ‘चिनाब ब्रिज’ बनल बा। पछिम में जाएम तs मुंबई में देस के सबसे लमहर ब्रिज ‘अटल सेतु’ बनल बा। पूरब में जाएम तs असम के ‘बोगीबील ब्रिज’ के दर्शन होई। दक्षिण में आएम तs दुनिया के गिनल-चुनल वर्टिकल लिफ्ट ब्रिज में से एगो ‘पंबन ब्रिज’ के निर्माण पूरा भइल बा।

‘विकसित भारत के सफर में तमिलनाडु के बहुत बड़ रोल’

पीएम मोदी कहलें कि विकसित भारत के सफर में तमिलनाडु के बहुत बड़ रोल बा। हम मानत बानी, तमिलनाडु के सामर्थ्य जेतना जादे बढ़ी, भारत के ग्रोथ ओतने तेज होई। बीतल दशक में तमिलनाडु के विकास खातिर 2014 के तुलना में तीन गुना जादे पईसा केंद्र सरकार के ओर से दिहल गइल बा। एकरा बादो कुछ लोगन के बिना कारण रोवत रहे के आदत बा, ऊ रोवत रहे रहेला लो।

ऊ कहलें कि 2014 से पहिले रेल प्रोजेक्ट खातिर हर साल खाली 900 करोड़ रुपिया मिलत रहे। एह बरिस तमिलनाडु के रेल बजट 6,000 करोड़ रुपिया से जादे बा आ भारत सरकार इहां के 77 रेलवे स्टेशन के मॉडर्न बनल रही। एमे रामेश्वरम के रेलवे स्टेशनो सामिल बा।

Read Also: भारत के वजह से ChatGPT के भइल फायदा, Ghibli बनवलस रिकॉर्ड

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-