ट्रेन में अब मनोरंजन करत तय करीं यात्रा, कोच में लगावल गइल एलईडी टीवी

Share

अब ट्रेन में सफर के दौरान यात्री टीवी पर समाचार, खेल अउरी मनोरंजक कार्यक्रम देख सकतने। एकरे खातिर रेलवे ट्रेनन के वातानुकूलित (एसी) चेयरकार कोच में एलईडी टीवी लगवलें के निर्णय कइले बा।

पायलट प्रोजेक्ट के तहत पूर्वोत्तर रेलवे के लखनऊ मंडल में 12532 लखनऊ-गोरखपुर इंटरसिटी एक्सप्रेस में ई सुविधा शुरू कर दीहल गइल बा। तीन अन्य ट्रेन में जल्दिए सुविधा शुरू होई।  लखनऊ मंडल के जनसम्पर्क अधिकारी महेश कुमार बतवले कि   15069/70 गोरखपुर-ऐशबाग इंटरसिटी, 12529/30 पाटलिपुत्र एक्सप्रेस अउरी 12583/84 लखनऊ जंक्शन-आनंद विहार टर्मिनल डबल डेकर में भी जल्दिए टीवी के सुविधा प्रदान कइल जाई।

महेश कुमार बतवलें कि एह सुविधा के अंतर्गत ‘क्लाउड ’ तंत्र पर आधारित डिजिटल ऑडियो, वीडियो आउट ऑफ होम, मीडिया के अंतर्गत समाचार, सूचना अउरी खेल आदि के सजीव प्रसारण उपलब्ध रही। एके एजेंसी के जरिए लगवावल गइल बा। एजेंसी आपन प्रचार- प्रसार भी करी। रेलवे के प्रति वर्ष साढ़े तीन लाख रुपया शुल्क भी देई।

स्टेशन पर खुली कोच रेस्टोरेंट

यात्रियन के उन्नत सुविधा उपलब्ध करवलें के उद्देश्य से रेलवे स्टेशन पर कोच रेस्टोरेंट खोलल जाई। एसे पूर्वोत्तर रेलवे के सालाना 44 लाख रुपया के कमाई भी होई। पूर्वोत्तर रेलवे के मुख्य जनसंपर्क अधिकारी पंकज कुमार सिंह बतवलें कि पूर्वोत्तर रेलवे के लखनऊ मंडल के तीन स्टेशन- गोरखपुर, गोमतीनगर अउरी सिधौली में कोच रेस्टोरेंट शुरू कइले के प्रक्रिया शुरू हो गइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-