त्योहारन के देखत 31 अक्तूबर तक पुलिसकर्मियन के छुट्टियन पs रोक लगा । एकर आदेश डीजीपी मुख्यालय जारी कs देले बा। डीजीपी डॉ. देवेंद्र सिंह चौहान के ओर से सब डीजी, एडीजी, पुलिस आयुक्त, जिला पुलिस, एसएसपी रेलवे, सब पीएसी के कंपनियन के कमांडेंट, जोन आ रेंज के अफसरन के पत्र भेजल गइल बा।
पत्र में कहल गइल बा कि आवे वाला त्योहार दुर्गा पूजा, दशहरा, दीवाली आ छठ पूजा के देखत सब पुलिस कर्मियन के छुट्टियन पs तत्काल प्रभाव से रोक लगावल जात बा। विशेष परिस्थितियन छुट्टियन के स्वीकृत कइल जाई।
Post Views: 3