Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बनारस हिंदू विश्वविद्यालय के कैंपस में देर रात भइल बवाल: भारत-पाकिस्तान मैच के बाद भिड़लें दू हॉस्टलन के छात्र, मारपीट में पांच लइके घाही

386

काशी हिंदू विश्वविद्यालय (बीएचयू) परिसर में अतवार देर रात में छात्रन के दू गुट में मामूली बात के लेके खूब मारपीट भइल। आरोप बा कि एह दौरान दूनों तरफ से पत्थर भी चलावल गइल। घटना में पांच से बेसी छात्र घायल भइल बाड़े। उधर मारपीट करे वालन पर कार्रवाई के मांग के ले के एलबीएस हॉस्टल के छात्र धरना पर बैठ गइलें। घटना के वजह के लेके तरह-तरह के चर्चा बा।

घटना के समय मौजूद लोग में केहू बर्थडे पार्टी के ले के मारपीट होखले के बात कह रहल बा त कुछ लोग भारत पाकिस्तान मैच के दौरान आपसी नोंकझोंक के वजह बतावत रहलें। बिड़ला हॉस्टल अउरी एलबीएस हॉस्टल के छात्रन के बीच मारपीट से परिसर के माहौल एक बेर फिर गरमा गइल। जौने समय ई घटना भइल, ओह समय उहां छात्रावास से जुड़ल अधिकारी भी मौजूद नाइ रहलें।

तीन थाना के फोर्स पहुंचल

करीब 12 बजे बिड़ला हॉस्टल के लग्गे ई घटना भइल। पहिले आपस में कौनो बात के ले के दूनों पक्ष में कहासुनी भइल। बाद में विवाद एतना बढ़ गइल कि दूनों तरफ से मारपीट हो गइल। एहमें पांच से बेसी छात्र घायल हो गइलें। सूचना पाकर मौका पर एसीपी भेलूपुर समेत तीन थाना फोर्स भी विश्वविद्यालय पहुंच गइल।

322100cookie-checkबनारस हिंदू विश्वविद्यालय के कैंपस में देर रात भइल बवाल: भारत-पाकिस्तान मैच के बाद भिड़लें दू हॉस्टलन के छात्र, मारपीट में पांच लइके घाही

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.