[the_ad_group id="30365"]

देवरिया रेलवे स्टेशन पर रखल बोरा से आवत रहल गन्ध, खोल के देखल गइल त दंग रह गइल पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के देवरिया से प्रतिबंधित कछुअन के तस्करी के मामिला सोझे आइल बा। इहाँ वन विभाग, आरपीएफ अउरी जीआरपी संयुक्त अभियान चला के 27 बोरा प्रतिबंधित कछुआ बरामद कइले बा। देवरिया सदर रेलवे स्टेशन के प्लेटफार्म नंबर 2 से प्रतिबंधित कछुआ बरामद हो गइल बा। बतावल जाता कि ए कछुअन के कीमत 5 लाख रुपया से बेसी बा। हालांकि मौका से कवनो तस्कर के गिरफ्तारी नाइ हो पावल।

दरअसल रेलवे स्टेशन के प्लेटफार्म नंबर 2 के सीढ़ी के नीचे कुछ सामान 27 बोरा में राखल रहे, जवना से गंध आवत रहे। ओहिजा मौजूद यात्री लोग के मामला संदिग्ध लागल। जवना के बाद उ जीआरपी अउरी आरपीएफ के एकर जानकारी देले। मौका प पहुंचल जीआरपी अउरी आरपीएफ के जवान जब बोरा खोल के देखले त उ लोग भी स्तब्ध हो गइलें। बोरा में कछुआ भरल रहे। बोरा में बंद 520 जिंदा कछुआ के अपना कब्जा में लेके आरपीएफ अउरी जीआरपी मामला के जांच शुरू क देहले बानें

कछुअन के बंगाल भेजलें के फिराक में रहलें सब तस्कर

रेलवे स्टेशन में कछुआ बरामद भइला के बाद एकर जानकारी वन विभाग के दिहल गइल। जहां मौका प पहुंचल वन विभाग के कर्मचारी बतवले कि बरामद कछुआ सुंदरी प्रजाति के ह। वन विभाग के अधिकारी बतवले कि ए कछुआ के इस्तेमाल खाना अउरी दवाई खातीर होखेला। वन विभाग कछुअन के अपना कब्जा में लेके आगे के कार्रवाई शुरू क देहले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]