Lata Mangeshkar: सैंड आर्टिस्ट स्वर कोकिला के दिहले श्रद्धांजलि, समुद्र किनारे रेत पs बनवले तस्वीर

Share

अपना आवाज से लोगन के  दिलन  पs  राज करे वाली स्वर कोकिला लता मंगेशकर के आजु पहिला पुण्यतिथि हs । पिछला साल 6 फरवरी के उ एह  दुनिया के  अलविदा कह देले रहली , बाकिर आजो उ अपना  चाहे  वालन के दिलन में बाड़ी आवे वाला कई बरिसन तक ले रहिहें । लगा मंगेशकर के पहिला पुण्यतिथि के मवके पs सैंड आर्टिस्ट सुदर्शन पटनायक ओडिशा के पुरी समुद्र तट पर उनका याद में एगो  खूबसूरत अंदाज में ट्रिब्यूट देले बाड़े  ।

पुरी के समुद्र तट पs लता मंगेशकर के रेत से बनावल  गईल इ मूर्ति करीब 6 फीट ऊंचा बिया। एकरा साथ म्यूजिक इंस्ट्रयूमेंटो बनल बा आ एकरा पs  लिखाइल  बा , भारत रत्न लता जी के श्रद्धांजलि, “मेरी आवाज ही पहचान है”। ओहिजे , एकरा  में बहुते कम रंगन के इस्तेमाल कइल गईल बा । लता मंगेशकर के  दिहल  गईल  एह  ट्रिब्यूट के  फैंस लोग भी काफी पसंद कर रहल बाड़े  आ  स्वर कोकिला के आपन  श्रद्धांजलि दे रहल बाड़ें ।

रवा सभे के बता दिहीं कि पिछिला साल लता मंगेशकर कोरोना से लड़्त लड़त आपन अंतिम सांस 6 फ़रवरी के लेले रहली |उ आपन अंतिम सांस मुम्बई के कैंडी अस्पताल में एह बेमारी से जुझत लिहली  |आप सब के इ बाति के पता होइबे करी कि  लता मंगेशकर के बरिस  2001 में भारत के सर्वोच्च नागरिक सम्मान भारत रत्न से सम्मानित कइल गईल रहे । एकरा  अलावा उनका के  पद्म भूषण, पद्म विभूषण आ  फिल्दाम इंडस्दाट्री के सबसे नामी  दादा साहेब फाल्के अवॉर्ड से भी नवाजल जा चुकल बा ।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-