आजु यानी 6 फरवरी के भारत के स्वर साम्राज्ञी लता मंगेशकर के पुण्यतिथि हs। भारत समेत कई देशन में लोग लता मंगेशकर के गीत आ उनकर आवाज सुनल पसंद करेला। 28 सितम्बर 1929 के इंदौर में जनमल लता मंगेशकर के जीवन उपलब्धि से भरल रहल बा। संगीतकारन खातिर ऊ ना खाली एगो रोल मॉडल रहली बलुक संगीत प्रेमियन के बीच हमेशा खबरन में भी रहली. हिंदी समेत 36 भाषा में 50 हजार से अधिका गीतन के ऊ आपन आवाज दिहले बाड़ी. भले ही आज उs हमनी के बीच नईखी बाकिर हिंदी सिनेमा में उनुकर योगदान हमेशा याद राखल जाई। उनुका जिनिगी से जुड़ल बहुते रोचक कहानी आ बात बाड़ी सँ जवना के शायद प्रशंसकन के मालूम ना होखे. लता मंगेशकर के कबो बियाह ना भईल। महिला होखला के नाते उs महिला शक्ति के एगो बड़ उदाहरण बाड़ी। बिना केहू पs भरोसा कइले ऊ इंडस्ट्री में आपन पहचान बना लिहली आ आपन नाव पs बहुते उपलब्धि हासिल कइली. बता दी कि उनुका जिनिगी से जुड़ल उपलब्धि आ लता मंगेशकर बियाह काहे ना कइली?
एगो साक्षात्कार के दौरान लता मंगेशकर बियाह ना करे के कारण बतवली। उs बतवली कि घर के सभ सदस्य के जिम्मेदारी उनुका पs बा। कई बेर बियाह के विचार उनका दिमाग में आवत रहे बाकिर उs ओकरा के लागू ना उs पवली। उs बहुत कम उमिर से ही काम करे लगली। सबसे पहिले उ अपना छोट भाई-बहिन के बसावे के सोचले। बहिनन के बियाह करवली, संतान भइल आ फेर ओह लोग के देखभाल के जिम्मेवारी भी लता पs पड़ गइल। एह तरह से उनकर समय बीत गइल।
इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: बात कुछ पुरनका दौर के! जवना साधना कट खातीर लईकी पागल रहली, ओकरा पीछे बा मजेदार कहानी…
रॉयल अल्बर्ट हॉल में आपन प्रस्तुति देबे वाली पहिलकी भारतीय महिला लता मंगेशकर
लता मंगेशकर के बेकार में महिला शक्ति के उदाहरण ना कहल जाला. 1974 में ऊ पहिला भारतीय बनली जे रॉयल अल्बर्ट हॉल में आपन प्रस्तुति दिहली। उनकर उपलब्धि अतना रहे कि ओही साल उनकर नाम गिनीज रिकार्ड में दर्ज हो गइल. भारतीय संगीत के इतिहास में सबसे ज्यादा रिकार्ड कलाकार होखे के गौरव उनुका के मिलल बा।
लता मंगेशकर के उपलब्धि
स्वर कोकिला लता मंगेशकर के 1970 में सर्वश्रेष्ठ प्लेबैक गायक के फिल्मफेयर अवार्ड मिलल रहे। 1972 में फिलिम परिचय में गीतन खातिर सर्वश्रेष्ठ प्लेबैक गायक के राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार दिहल गइल। 1974 में फिलिम कोरा कागज के गाना खातिर इनके सर्वश्रेष्ठ प्लेबैक गायक के राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार दिहल गइल। एकरे बाद इनके 1977 में जैत रे जैत खातिर बेस्ट फीमेल प्लेबैक सिंगर अवार्ड आ 1989 में दादासाहेब फाल्के अवार्ड दिहल गइल। 1990 में फिल्म लेकिन के गाना खातिर इनके सर्वश्रेष्ठ महिला प्लेबैक गायिका के राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार दिहल गइल।
देश के सर्वोच्च पुरस्कार
Lata Mangeshkar के 1989 में पद्म विभूषण, 1990 में श्री राजा लक्ष्मी फाउंडेशन चेन्नई द्वारा पुरस्कार, 2000 में आइफा लाइफस्टाइल अचीवमेंट पुरस्कार, 2001 में भारत का सर्वोच्च नागरिक पुरस्कार भारत रत्न, 2001 में महाराष्ट्र रत्न, 2002 में आशा भोसले पुरस्कार, 2004 में फिल्मफेयर विशेष पुरस्कार, 2007 में फ्रांस सरकार उनके सर्वोच्च नागरिक पुरस्कार (ऑफिसर ऑफ द लीजन ऑफ ऑनर) से सम्मानित कइलस.