गृह मंत्रालय लैंड फॉर जॉब मामला में सीबीआई के फाइनल चार्जशीट पs राजद अध्यक्ष अवुरी बिहार के सीएम रहल लालू प्रसाद यादव पs मुकदमा चलावे के मंजूरी दे देले बा। सीबीआई एकरा बारे में जानकारी राऊज एवेन्यू कोर्ट के देले बिया।
एकरा से पहिले पछिला बुध के नौकरी के बदला जमीन से जुड़ल मनी लांड्रिंग के मामला में लालू प्रसाद यादव अवुरी उनुका परिवार के परेशानी बढ़ गईल रहे। दिल्ली के राऊज एवेन्यू कोर्ट एह मामिला में लालू प्रसाद यादव, तेजस्वी यादव आ अउरी कई गो आरोपियन के समन जारी कइले बिया. कोर्ट एह लोग के 7 अक्टूबर के हाजिर होखे के कहले बिया.
Comments are closed.