इतिहास रचे से चूक गइले लक्ष्य सेन: ऑल इंग्लैंड बैडमिंटन टूर्नामेंट के फाइनल में मिलल हार

Anurag Ranjan

विश्व चैंपियनशिप ब्रांज मेडल विजेता लक्ष्य सेन अतवार के खेलल गइल ऑल इंग्लैंड बैडमिंटन टूर्नामेंट के पुरूषन के फाइनल में डेनमार्क के खेलाडी विक्टर एक्सेलसन से हार गइले।लक्ष्य एह मुकाबला के 10-21, 15-21 से हरले। दूनो खेलाडियन के बीचे पिछला मोकाबला जर्मन ओपन में खेलल गइल रहे। तब लक्ष्य विक्टर के 21-13, 12-21, 22-20 से हरवले रहस।

विक्टर के मजबूत खेल का सोझा लक्ष्य सुरु से टिक ना सकले, बाद में उ वापसी के खुबे कोसिस कइले बाकिर हार के जीत में ना बदल सकले।

 

सेमीफाइनल के जीत रहे ऐतिहासिक

सेमीफाइनल में लक्ष्य मलेशिया के ली जी जिया के तीन गेम के मुकाबला में 21-13, 12-21, 21-19 से हराके पहिला बेर फाइनल में जगे बनवले रहस। लक्ष्य पुलेला गोपीचंद का बाद फाइनल में पहुंचे आला पहिला भारतीय रहस। 21 साल पहिले 2001 में पुलेला गोपीचंद फाइनल जीतले रहस।

 

4 साल के उमिर से स्टेडियम जाये लागल रहस लक्ष्य

लक्ष्य उत्तराखंड राज्य के रहे आला हवन। अल्मोड़ा में उनका बाबा सी० एल० अल्मोड़ा के बैडमिंटन के भीष्म पितामह कहल जाला। लक्ष्य के बाबूजी डी० के० सेन नेशनल लेवल पs खेल चुकल बाड़े आ लक्ष्य उनके निगरानी में 4 साल के उमिर से बैडमिंटन सीखे स्टेडियम जात रहल बाड़े।

 

6 महीना से दमदार खेल देखावत बाड़े लक्ष्य

2018 के यूथ ओलंपिक सिल्वर मेडल अपना नाव करे आला लक्ष्य 6 महीना से असाधारण खेल देखा रहल बाड़े। एही साल जनवरी में उ इंडिया ओपन में सुपर 500 के पहिल खिताब जीतले रहस आ बितला हफ्ता जर्मन ओपन में रनर अप रहल रहस।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।