ऑल इंग्लैंड बैडमिंटन चैंपियनशिप में रजत पदक जीते आला जुवा भारतीय खेलाड़ी लक्ष्य सेन विश्व बैडमिंटन महासंघ (बीडब्लूएफ) के मंगर के जारी ताजा रैंकिंग में शीर्ष 10 में जगे बनावे में सफल रहल बाड़े। ऊ 74,786 अंक के संगे रैंकिंग में दु स्थान के सुधार कइले। ऊ मवजुदा विश्व चैम्पियन सिंगापूर के लोह कीन यीव के पीछे छोड़ नवा स्थान पs पहुंच गइले। दूसरा ओर किदाम्बी श्रीकांत 12 वां नंबर पs खिसक गइल बाड़े।










