Kiren Rijiju Car Accident: सड़क हादसा में बाल-बाल बचलें किरेन रिजिजू, ट्रक से टकराइल कार

Share

कानून मंत्री किरेन रिजिजू सड़क हादसा में बाल-बाल बचल बाड़ें। श्रीनगर जा रहल कानून मंत्री किरेन रिजिजू के कार सड़क हादसा के शिकार हो गइल। उनकर कार आ ट्रक में टक्कर हो गइल। एह दुर्घटना में किरेन रिजिजू के कवनो तरे के कइसनो चोट नइखे आइल।

बतावल जा रहल बा कि ऊ सड़क के रास्ता से जम्मू से श्रीनगर जात रहस। बनिहाल के लगे उनकर वाहन से आगे जा रहल एगो ट्रक से टक्कर हो गइल। केंद्रीय कानून आ न्याय मंत्री किरेन रिजिजू के कवनो तरे प्रकार के नुकसान नइखे पहुंचल।

ट्रक से टकराइल कार

रामबन जिला में जम्मू-श्रीनगर राष्ट्रीय राजमार्ग पs सनीचर के सांझ कानून मंत्री किरेन रिजिजू के कार एगो ट्रक के टक्कर मार देलस। हादसा में किरेन रिजिजू बाल-बाल बच गइल बाड़ें। हादसा में उनका चोट ना आइल। ऊ कहलें कि ट्रक खराब हो गइल रहे आ मंत्री के कार रुके से पहिलही ओमे जा घुसल।

अधिकारी लोग बतावल कि दुर्घटना सांझ के करीब छव बजे मरूग इलाका में सीता राम पासी के लगे भइल जब ऊ जम्मू आ उधमपुर में दु कार्यक्रमन में सामिल होखला के बाद श्रीनगर जात रहलें। अधिकारियन द्वारा बतावल गइल कि कारन में सवार सुरक्षाकर्मी उहां पहुंचल लो आ मंत्री के उनका वाहन से बाहर निकालल।

अधिकारी लोग कहल कि रिजिजू बाद में श्रीनगर खातिर रवाना भइलें आ सांझ के करीब सात बजे बनिहाल सुरंग के पार कइलें जवन कश्मीर घाटी के प्रवेश द्वार हs।

पुलिस ट्वीट कs के देलस जानकारी

रामबन पुलिस एह ममिला में जादे जानकारी देलस। पुलिस बतवलस कि आज सड़क मार्ग से जम्मू से श्रीनगर जात घरी केंद्रीय विधि आ न्याय मंत्री किरेन रिजिजू के कार के मामूली एक्सीडेंट हो गइल। हादसा में केहू घायल ना भइल। किरेन रिजिजू के उनका गंतव्य तक सुरक्षित पहुंचा दिहल गइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-