- बिहार: बिहार में 35 IAS-26 IPS अफसरन के तबादला: RCP सिंह के बेटी लिपि सिंह के BMP के कमांडेंट बनावल गइल, दामाद सुहर्ष भगत औरंगाबाद के डीएम होइहें। अमीर समीर सारण के आ मुकुल कुमार गुप्ता सीवान के डीएम होई लो।
- बिहार: नालंदा में बजरंग दल के जिला संयोजक के सरेंडर; कुर्की-जब्ती के कारवाई के बीच कइले सरेंडर, नालंदा-सासाराम में 80 दिन बाद इंटरनेट सेवा बहाल।
- उत्तर प्रदेश: अयोध्या में बनी फ्लाई रेस्टोरेंट: पर्यटक 160 फीट ऊपर आसमान में ली लो स्वादिष्ट व्यंजनन के स्वाद; अभी नोएडा में बनल बा अइसन रेस्टोरेंट।
- उत्तर प्रदेश: सीएम योगी बोललें- UP में कानून के राज, अपराधियन के पैंट गीला होत देख रहल बिया जनता। गोरखपुर में अंतर्राष्ट्रीय कंपनी पेपिस्को के प्लांट में कइलें भूमि पूजन आ शिलान्यास।
- झारखंड: बोकारो में नक्सलियन के तांडव: एगो जेसीबी आ 4 ट्रैक्टर में नक्सली लगवलें सs आग, बड़ घटना के अंजाम देवे के फिराक में रहले सs नक्सली।
- राष्ट्रपति द्रौपदी मुर्मू के सुखोई जेट में 30 मिनट के उड़ान: फाइटर जेट के को-पायलट बनली, प्रतिभा पाटिल के बाद अइसन करे वाला दूसरा महिला प्रेसिडेंट।
- 24 घंटा में कोरोना के 6,155 केस, 11 मौत: लगातार दुसरका दिन 6 हजार से बेसी ममिला, XXB.1.16 वेरिएंट के दुनिया में फइले के आशंका। विशेषज्ञ लोगन के मोताबिक केस बढ़ रहल बा बाकिर घबरइला के जरूरत नइखे।
- प्रधानमंत्री मोदी चेन्नई-कोयंबटूर वंदे भारत एक्सप्रेस के हरियर झंडी देखवलें- चेन्नई एयरपोर्ट के नया टर्मिनल के उद्घाटनो कइलें।
- ताइवान के लगे चीन के मिलिट्री ड्रिल: 8 जंगी जहाज आ 40 से जादे फाइटर जेट सामिल; ताईवानीज प्रेसिडेंट के US दौरा से चीन बा नाराज।
- आईपीएल सीजन के पहिला एल-क्लासिको आज: CSK आ MI में टूर्नामेंट के सबसे बड़ राइवलरी; सीजन के पहिला जीत हासिल करे के होई मुंबई के कोसिस, आईपीएल के दु गो सबसे सफल कप्तान रोहित-धोनी के देखे उमड़ी दर्शकन के भीड़।
सांझ के 10 बड़ खबर
Published on: Apr 8, 2023
बिहार: बिहार में 35 IAS-26 IPS अफसरन के तबादला: RCP सिंह के बेटी लिपि सिंह के BMP के कमांडेंट बनावल गइल, दामाद सुहर्ष भगत औरंगाबाद के डीएम होइहें। अमीर समीर सारण के आ मुकुल कुमार
Share
Tags:
Bhojpuri News, big breaking, big news, Big Update, bihar news, Bihar-UP News, breaking news, Breaking Update, Evening Breaking, Evening Bulletin, evening news, evening updates, jharkhand news, top 10 news, top news, up news, साँझ के 10 गो बड़ खबर, साँझ के 10 बड़ खबर, साँझ के बड़ खबर
Share this article






