कीरोन पोलार्ड आईपीएल से लेहलें सन्यास, अब मुंबई इंडियंस के संगे नयका रोल में लउकिहें

Share

2010 से आईपीएल खेलत रहनें पोलार्ड

कीरोन पोलार्ड
पोलार्ड 2010 से आईपीएल से जुड़ रहल बानें। ऊ लीग के 189 मैच में 28.67 के औसत अउर 147.32 के स्ट्राइक रेट से 3412 रन बनवलें। एहमें 16 अर्धशतक शामिल बा। पोलार्ड बल्ला के दम पर मुंबई के कई मैच में जीत दियवलें। एकरे अलावा गेंदबाजी में भी ऊ अहम किरदार निभवलें। पोलार्ड आईपीएल में कुल 69 विकेट लिहलें। 44 रन देकर चार विकेट उनकर सर्वश्रेष्ठ प्रदर्शन रहल। आईपीएल में पोलार्ड के इकोनॉमी 8.79 के रहल।

एही साल आईपीएल में आखिरी मैच खेलनें

कीरोन पोलार्ड

पोलार्ड आपन पहिला आईपीएल मैच 17 मार्च 2010 के दिल्ली कैपिटल्स के खिलाफ अरुण जेटली स्टेडियम में खेललें। उहवें, आखिरी आईपीएल मैच ऊ नौ मई 202 के कोलकाता नाइट राइडर्स के खिलाफ डीवाई पाटिल स्टेडियम में खेलनें। पोलार्ड खातिर पिछला सीजन बेहद खराब रहल। ऊ 11 मैच में 14.40 के औसत अउर 107.46 के स्ट्राइक रेट से 144 रन ही बना सकल रहनें। एह खराब प्रदर्शन के वजह से अइसन कहल जात रहे कि एह सीजन मुंबई इंडियंस के टीम उनके रिलीज कर सकsतीया। हालांकि, एसे पहिले पोलार्ड संन्यास ले लिहनें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-