गोरखपुर के माया बाजार में खादिम शो रूम के भव्य उद्घाटन आज 

Anurag Ranjan

गोरखपुर के माया बाजार में खादिम शो रूम के भव्य उद्घाटन आज

गोरखपुर: गोरखपुर के रेती रोड, माया बाजार में आज बियफे के फुटवियर कंपनी खादिम के नया शोरूम (प्रतिष्ठान) के भव्य उद्घाटन सबेरे 11:30 बजे होई।

अनन्या सेल्स के प्रतिनिधि आ प्रतिष्ठान के संचालिका पूजा द्वारा मिलल जानकारी के मोताबिक ई प्रतिष्ठान रेती रोड, माया बाजार में खुल रहल बा। एह अवसर पs कइयन तरह के ऑफर के संगे-संगे फूटवियर के नया कलेक्शन लोगन खातिर मंगावल गइल बा। भव्य उद्घाटन समारोह के बाद लोग अपना पसन के मोताबिक खरीददारी कs सकत बा।

ऊ आगे बतवली कि खादिम एगो भरोसेमंद फुटविटयर कंपनी हs, जवना पs बरिसन से लोग आपन भरोसा जतावत आ रहल बा। एह नया शो रूम पs आके लोग अपना पसन के मोताबिक खरीददारी कs सकत बा।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।