Sports Policy : नई खेल नीति के केंद्रीय मंत्रिमंडल के मंजूरी, 2047 तक भारत के शीर्ष-5 खेल राष्ट्र बनावल लक्ष्य

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अध्यक्षता में केंद्रीय मंत्रिमंडल राष्ट्रीय खेल नीति (एनएसपी) 2025 के मंजूरी दे देलस। ई देस के खेल परिदृश्य के नया आकार देवे आ खेलन के माध्यम से नागरिकन के सशक्त बनावे के उद्देश्य से एगो ऐतिहासिक पहल बा। नया खेल नीति मवजूदा राष्ट्रीय खेल नीति 2001 के स्थान ली। ई भारत के एगो वैश्विक खेल महाशक्ति के रूप में स्थापित करे आ 2036 ओलंपिक खेलन सहित अंतरराष्ट्रीय खेल आयोजनन में उत्कृष्टता खातिर मजबूत दावेदार के रूप में स्थापित करे खातिर एगाे दूरदर्शी आ रणनीतिक रोडमैप प्रस्तुत करी।

‘खेल के जन आंदोलन बनावल उद्देश्य’

केंद्रीय मंत्री अश्विनी वैष्णव कैबिनेट बैठक के जानकारी देत कहलें कि केंद्रीय मंत्रिमंडल मंगर के एगो व्यापक खेलो भारत नीति, 2025 के मंजूरी दे देले बा, जवना के लक्ष्य 2047 तक भारत के शीर्ष पांच खेल राष्ट्रन में से एगो बनावल बा। मत्रिमंडल के ओर से लिहल गइल निर्णयन के बारे में जानकारी देत उ कहलें कि पिछला 11 बरिसन में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी खेलन पs बहुते धेयान देले बाड़ें। एमे ग्रामीण क्षेत्रन के प्रतिभा के आगे ले आवे खातिर जादे ध्यान दिहल गइल बा।

उ कहलें कि नया नीति एही प्रयास के हिस्सा बा। मंत्री संगही कहलें कि एकर दूसरका मुख्य उद्देश्य खेल के जन आंदोलन बनावे के बा।

Read Also: Employee Linked Incentive के कैबिनेट के मंजूरी, 1.07 लाख करोड़ मिली; एक लाख करोड़ के रिसर्च स्कीम के हरियर झंडी

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-