[the_ad_group id="30365"]

यूपी के दू गो हॉट सीटन पऽ भाजपा खोललस पत्ता, कैसरगंज से करण भूषण आ रायबरेली से दिनेश प्रताप के देलस टिकट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Uttar Pradesh loksabha election: लोकसभा चुनाव में यूपी के सबसे हॉट सीट पऽ भाजपा अपना पत्ता खोल देलस। भारतीय जनता पार्टी रायबरेली लोकसभा सीट से दिनेश प्रताप सिंह के उम्मीदवार बनवलस। ओहिजा कांग्रेस अबही एह सीट पs आपन प्रत्याशी नइखे उतार पवले। एकरा साथही भाजपा कैसरगंज लोकसभा सीट पs टिकट के पहेली सुलझावत करण भूषण सिंह के प्रत्याशी बनवलस।

लोकसभा चुनाव में यूपी के सबसे हॉट सीट पऽ भाजपा अपना पत्ता खोल देलस। भारतीय जनता पार्टी रायबरेली लोकसभा सीट से दिनेश प्रताप सिंह के उम्मीदवार बनवलस। ओहिजा कांग्रेस अबही एह सीट पs आपन प्रत्याशी नइखे उतार पवले। एकरा साथही भाजपा कैसरगंज लोकसभा सीट पs टिकट के पहेली सुलझावत करण भूषण सिंह के प्रत्याशी बनवलस।

के हऽ करण भूषण सिंह?

करण भूषण भाजपा सांसद बृज भूषण सिंह के बेटा हउअन। करण भूषण सिंह के जन्म 13 दिसंबर 1990 के भइल रहे। करण भूषण सिंह के एगो बेटी आ एक बेटा बा। उऽ डबल ट्रैप शूटिंग के नेशनल खिलाड़ी रह चुकल बाड़न। करण भूषण विदेश से पढ़ल लिखल बाड़न।

उऽ ऑस्ट्रेलिया से बिजनेस मैनेजमेंट के पढ़ाई कइले बाड़े। वर्तमान में उऽ उत्तर प्रदेश कुश्ती संघ के अध्यक्ष बाड़न आ उऽ पहिला बेर कवनो चुनाव लड़ रहल बाड़े। अइसन खबर बा कि करण भूषण तीन मई के अपना नामांकन दाखिल कर सकऽ ताड़न। एकरा खातिर चार सेट नामांकन पत्रों खरीदल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]