[the_ad_group id="30365"]

‘हार के खिसिआहट के हिंदू आस्था से खेलवाड़ कऽ के व्यक्त कर रहल बिया कांग्रेस’, राम आ शिव पऽ खरगे के बयान पऽ बोलले सीएम योगी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीएम योगी मल्लिकार्जुन खरगे द्वारा भगवान राम आ शिव पs दिहल गइल बयान पs नाराजगी जतवले। उऽ कहले कि कांग्रेस लोकसभा चुनाव में खराब तरीका से पराजित हो रहल बिया आ हार के एही खिसियाहट के उऽ बहुसंख्यक हिंदू समाज के आस्था के अपमानित कऽ के ओकरा साथे खेलवाड़ कऽ के व्यक्त कर रहल बिया। सीएम योगी ई बात अपना सरकारी आवास पs मीडिया से बातचीत में कहले।

बियफे के मैनपुरी, एटा आ फिरोजाबाद में चुनावी जनसभा/रोड शो खातिर निकले से पूर्व आपन सरकारी आवास पs मीडिया से बातचीत में योगी कहले कि चुनाव घरी एह तरह के संवेदनशील मुद्दन के उठा के कांग्रेस भारत के आस्था के साथे बहुसंख्यक समाज के अपमानित करे के काम कर रहल बिया। कांग्रेस ‘आपस में बांटऽ आ राज करऽ’ के अंग्रेजन के नीति पs चल रहल बिया। उऽ जाति, क्षेत्र, भाषा के नांव पs समाज के बांटेले आ अबहियो कर रहल बिया।

कांग्रेस अपना हार के खि‍स‍ियाहट… 

योगी कहले, कांग्रेस के चुनाव घोषणापत्रों में समाज के जातीय आधार पs बांटे के प्रयास कइल गइल बा। देश के भीतर अनुसूचित जाति/जनजाति, पिछड़ा वर्ग के अधिकार के उऽ कइसे अल्पसंख्यकयन के बांटे के कुत्सित चेष्टा कर रहल बिया, एकर छाप ओकरा घोषणापत्र में नजर आ रहल बा। एहिसे कांग्रेस अपना हार के खिसियाहट के हिंदू आस्था के साथे खेलवाड़ करके व्यक्त करल चाहऽ तिया।

योगी कहले कि सनातन धर्म के उपासना विधि में भगवान राम आ शिव अलग-अलग ना बल्कि एक- दोसरा के पूरक हउअन। मर्यादा पुरुषोत्तम प्रभु श्रीराम खुदे शिव के उपासना कइले आ रामचरित मानस में देखब तऽ भगवान शिवो श्रीराम के उपासना कइले। प्रभु राम कहेले कि ‘शिवद्रोही मम दास कहावा सो नर मोहि सपनेहु नहि पावा’, माने जदि कोई भगवान शिव के द्रोही बा उऽ हमार दास, हमार भक्त कहाए के दंभ पाल के रखले बा तऽ हम सपनो में ओकरा के ना मिलब। अइसने भगवान शिवो कहेले। कांग्रेस अध्यक्ष के वक्तव्य अत्यंत निंदनीय बा। ई कांग्रेस के पतन के एगो नया शुरुआत हऽ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]