कटिहार। बिहार के कटिहार जिला में अतवार के सांझ कुरसेला हाट में अचानक भीषण आग लाग गइल। एह आगलगी में 300 से जादे छोट-बड़ दुकान जल के पूरा राख हो गइल। अनुमान बा कि एह हादसा में करीब 6 से 7 करोड़ रुपिया के संपत्ति के नुकसान भइल बा।
एतना बड़ नुकसान के बाद हाट में कारोबार करे वाला दुकानदारन के सोझा भारी आर्थिक संकट खड़ा भइल बा। कइयन गो दुकानदार बतावल लोग कि ऊ लोग बंधन बैंक आ दोसरा संस्था से करजा लेके आपन दुकान सुरू कइले रहे। रोज के कमाई से घर चलावत रहे लोग आ हफ्ता-हफ्ता किस्त भरत रहे, बाकिर आग के बाद अब रोजी-रोटी के एकमात्र सहारा छिन गइल बा।
दुकान जर गइला से अब साप्ताहिक लोन के किस्त चुकावल बहुते मुश्किल हो गइल बा। पीड़ित दुकानदार प्रशासन से मुआवजा आ तुरंत आर्थिक मदद के मांग करत बा लोग, ताकि दोबारा रोजगार खड़ा कइल जा सके।
चारो ओर तबाही के मंजर
सोमार के दिन कुरसेला के नया हाट में चारो ओर राख, जरल-गिरल मलबा आ कहीं-कहीं धुआं उठत देखाई देत रहे। लोग मायूस आंख से आपन उजड़ल सपना निहारत रहे। कहीं लोग रोअत रहे, कहीं माथा पीटत रहे, तs कहीं चुपचाप आंसू बहावत नजर आइल।
लगन के खुसी मातम में बदल गइल
दुकानदार राजू भगत, मुन्ना गुप्ता, टिंकू साह, सनी जयसवाल, कुंदन शर्मा सहित कइयन लोग बतावल कि दोकान ओह लाेगन के एकमात्र आजीविका रहे। अब ना कमाई बचल बा, ना सहारा। सोनू कुमार, अशोक साह, सुबोध कुमार साह आ रंजीत चौधरी बा कि लगन सुरू होखे वाला रहे, एह चलते करजा लेके दुकान में सामान भरल रहे, बाकिर आग सब कुछ छीन लेलस।
पीड़ितन के कहनाम बा कि आग लगला पs सामान बाहर निकालल गइल रहे, बाकिर निकलल सामानो लोग उठा ले गइल। एह आग के संगे-संगे ओह लोगन के सालन के मेहनत आ भविष्य के सारा योजना जर के राख हो गइल।






