Sawan 2025: काशी विश्वनाथ धाम में दर्शन खातिर इहवां से मिली प्रवेश, सावन में एक करोड़ से जादे भक्त आई लो

Share

वाराणसी। सावन में श्रद्धालु लोगन के श्री काशी विश्वनाथ मंदिर के गेट नंबर चार, नंदू फारिया, सिल्को गली, ढुंढिराज आ सरस्वती फाटक से प्रवेश दिहल जाई। गंगा में बाढ़ के वजह से ललिता घाट से श्रद्धालुअन के प्रवेश अस्थायी रूप से प्रतिबंधित कइल जा सकत बा। दर्शन खातिर आवे वाला वृद्ध, अशक्त, दिव्यांगजन आ लईकन खातिर गोदौलिया से मैदागिन तक निशुल्क ई-रिक्शा के संचालन कइल जाई। सावन में श्री काशी विश्वनाथ धाम में एक करोड़ से जादे श्रद्धालुअन के आवे के संभावना बा।

श्री काशी विश्वनाथ धाम में तइयारियन के अंतिम रूप दिहल जा रहल बा। मंडलायुक्त एस राजलिंगम बतवलें कि अबकी बेर सावन में बाबा के दरबार में कवनो वीआईपी भा वीवीआईपी ना होई। सावन भर प्रोटोकॉल दर्शन ना होई। एकरा पs पूरा तरे से प्रतिबंध रही। दर्शन खातिर सब श्रद्धालु कतार में लग के आई लो। केहू श्रद्धालु दलालन के झांसा में ना आवे।

जदि कवनो व्यक्ति विशेष दर्शन के नाम पs रुपिया मांगेला भा अपना दुकान से प्रसाद लेला पs दर्शन में सहायता के दावा करत बा, तs उ रउआ के ठगे के प्रयास कs रहल बा। एकर जानकारी निकटतम पुलिस भा फेर मंदिर के कर्मी के दिहल जा सकत बा। ओने, मंदिर न्यास श्रद्धालुअन से अपील कइले बा कि उ लोग खाली पेट कतार में ना लागे।

पहिला सोमार के चल प्रतिमा, तs दूसरका सोमार के गौरी-शंकर शृंगार

एह सावन में चार सोमार पड़ रहल बा। हर सोमार के बाबा विश्वनाथ के अलग-अलग शृंगार कइल जाई। 14 जुलाई के पहिला सोमार के चल प्रतिमा शृंगार, दूसरका सोमार (21 जुलाई) के गौरी-शंकर (शंकर-पार्वती) शृंगार, तीसरका सोमार (28 जुलाई) के अर्धनारीश्वर शृंगार आ चउथा आ अंतिम सोमार (चार अगस्त) के रुद्राक्ष शृंगार होई। ओहिजा, 9 अगस्त के पूर्णिमा पs झूला शृंगार होई।

मंडलायुक्त बतवलें कि स्मार्ट सिटी के सहजोग से धाम परिसर आ शहर के अलग-अलग जगहन पs बाबा विश्वनाथ के आरती आ शृंगार के डिजिटल दर्शन के बेवस्था कइल गइल बा। संगही श्री काशी विश्वनाथ मंदिर के आधिकारिक यूट्यूब चैनल पs दर्शन के ऑनलाइन स्ट्रीमिंग कइल जाई। बेवस्था प्रबंधन खातिर संपूर्ण धाम में केंद्रीयकृत लोक सूचना प्रणाली (पब्लिक एड्रेस सिस्टम) आ जरूरी जगहन पs स्थानीय लोक सूचना प्रणाली (लोकल पब्लिक एड्रेस सिस्टम) के बेवस्था रही।

 

पांच जगहन पs तैनात रही चिकित्सकन के टीम

मंडलायुक्त बतवलें कि श्री काशी विश्वनाथ धाम में दर्शन खातिर आवे वाला श्रद्धालुअन खातिर कुल पांच जगहन पs चिकित्सकीय टीम के तैनाती कइल जाई। हेल्थ डेस्क पs तीन पाली में डॉक्टरन के ड्यूटी लागी। प्रत्येक पाली में दुगो डॉक्टरन के टीम रही। मंदिर में दुगो एंबुलेंस रही। एमे एगो एंबुलेंस में दुगो एडवांस लाइफ सपोर्ट के सुविधा होई, जवन कवनो आकस्मिक इस्थिति खातिर तत्पर रही।

छव स्थानन पs खोया-पाया केंद्र

मंडलायुक्त बतवलें कि विश्वनाथ धाम में छव स्थानन पs खोया-पाया केंद्र के स्थापना कइल जाई। एमे मंदिर प्रांगण, शंकराचार्य चौक, गेट नंबर एक (गंगा निकास द्वार), गेट नंबर दु (सरस्वती फाटक), गेट नंबर चार (मुख्य प्रवेश मार्ग) आ ललिता घाट पs बनल खोया पाया केंद्र पs भीड़ में अपना परिवार से बिछड़ल लोग सहायता प्राप्त कs सकी।

पेयजल काउंटर के रही सुविधा

मंडलायुक्त के मोताबिक, धाम में समय-समय पs ग्लूकोज/ओआरएस घोल, सूक्ष्म जलपान, बिस्किट, टॉफी, चॉकलेट आदि के वितरण कइल जाई। एकरा से वृद्ध आ लईकन के सहूलियत मिली। अतिरिक्त पेयजल काउंटर आ गुड़ के बेवस्था रही।

Read Also: 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-