बिहार में कलाकारन के मिली पेंशन, नवहन के इंटर्नशिप खातिर 6 हजार; चुनाव से पहिले नीतीश कैबिनेट के ओर से 24 तोहफा

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 5, 2025

पटना। राज्य के वरिष्ठ आ आजीविका संकट से जूझत कलाकारन के बिहार सरकार तीन हजार रुपिया के आर्थिक सहायता दी। एकरा खातिर कलाकर पेंशन योजना स्वीकृत कइल गइल बा। ममुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अध्यक्षता में

Share

पटना। राज्य के वरिष्ठ आ आजीविका संकट से जूझत कलाकारन के बिहार सरकार तीन हजार रुपिया के आर्थिक सहायता दी। एकरा खातिर कलाकर पेंशन योजना स्वीकृत कइल गइल बा। ममुख्यमंत्री नीतीश कुमार के अध्यक्षता में भइल मंत्रिमंडल के बैठक में एह प्रस्ताव समेत 24 एजेंडन पऽ मुहर लागल।

मंत्रिमंडल के बैठक के बाद कैबिनेट के अपर मुख्य सचिव डॉ. एस सिद्धार्थ बतवलें कि सरकार निर्णय लेलस कि राज्य के सांस्कृतिक विरासत के संरक्षित रखे खातिर निरंतर जोगदान देवे वाला राज्य के वरिष्ठ आ आजीविका संकट से जूझ रहल उत्कृष्ट कलाकारन के सरकार के ओर से मासिक 3000 रुपिया पेंशन दि हल जाई।

एकरा खातिर मुख्यमंत्री कलाकार पेंशन योजना स्वीकृत कइल गइल बा। एकरा अलावे कला संस्कृति के अइसन विलुप्तप्राय कला जवन अब गुम होखे के कगार पऽ बा, ओकरा के संरक्षित रखे खातिर मुख्यमंत्री बिहार गुरु शिष्य परंपरा योजना सुरू कइल गइल बा। एह योजना खातिर वर्ष 2025 26 में एक करोड़ 11 लाख रुपिया स्वीकृत कइल गइल बा।

मंत्रिमंडल सीतामढ़ी जिला में इस्थित मां सीता के जन्मस्थली पुनौरा धाम के श्री राम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र अयोध्या के तर्ज पऽ विकसित करे खातिर 882 करोड रुपिया स्वीकृत कइले बा। राज्य सरकार के एगो नया योजना के रूप में मुख्यमंत्री प्रतिज्ञा योजना के प्रस्ताव स्वीकृत कइल गइल।

योजना के तहत नवहन के उन्नत कौशल बेहतर रोजगार क्षमता नेतृत्व विकास सशक्त नेटवर्किंग आ करिअर संवर्धन के नया अवसर प्रदान कइल जाई।

इहे ना अलग-अलग कंपनियन में इंटर्नशिप करे वालन के सरकार के ओर से इंटर्नशिप राशि दिहल जाई। ई राशि तीन महीना से 12 महीना खातिर होई।

एमे 12वीं पास के 4000, आईटीआई आ डिप्लोमा छात्रन के पांच हजार आ स्नातक के छव हजार अजीविका मिशन से जुड़ल छात्र जोन गृह जिला से बा। ओहिजा दू हजार राज्य से बाहर जाये वालन  खातिर पांच हजार रुपिया मिली, जवन तीन महीना तक मान्य होई।

Read Also: Bihar: पटना क्लब से लवट रहल बिहार के नामी उद्योगपति के हत्या; 6 साल पहिले बेटा आ अब गोपाल खेमका के मार डालल गइल 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.