Haryana News : करनाल के कर्ण लेक के लगे मिलल विस्फोटक सामान, दू गो ग्रेनेड मिलल; एगो डिफ्यूज कइल गइल

Share

करनाल। हरियाणा के करनाल जिला में NH-44 हाईवे के लगे इस्थित मशहूर कर्ण लेक के सटले बियफे के सबेरे अचानक हड़कंप मच गइल। इहवां संदिग्ध विस्फोटक सामान मिले के जानकारी पुलिस तक पहुंचल। मिलल जानकारी के मोताबिक, करीब साढ़े 11 बजे पुलिस कंट्रोल रूम में फोन आइल कि कर्ण लेक इलाका में विस्फोटक जइसन कुछ पड़ल बा। सूचना मिलतही करनाल पुलिस टीम तुरंते मवका पs पहुंचल आ पूरा इलाका घेर के आवागमन रोक देलस, ताकि कवनो अनहोनी ना हो सके।

पुलिस के हाथे लागल दुगो ग्रेनेड

जांच-पड़ताल में पुलिस के ओह जगह से दुगो ग्रेनेड मिलल। फटाफट बम निरोधक दस्ता के बाेलावल गइल। टीम मौका पs पहुंच के हालात के जायजा लेलस। सावधानी बरतत टीम एगो गो ग्रेनेड के सुरक्षित तरीका से डिफ्यूज कs देलस। जबकि दूसरका ग्रेनेड के निष्क्रिय करे खातिर प्रयास चल रहल बा। बम निरोधक दस्ता के विशेषज्ञ लगातार कोसिस में बा लोग कि बिना कवनो नुकसान दूसरको ग्रेनेड डिफ्यूज हो जावs।

कर्ण लेक के आसपास के इलाका सील

ग्रेनेड मिलला के खबर फइलतही इलाका में दहशत पसर गइल। कर्ण लेक एगो जानल-मानल पिकनिक जगह हs, जहां आमतौर पs भीड़ लागल रहेला। बाकिर पुलिस आ प्रशासन के फुर्ती से लोगन के सुरक्षित जगह भेज दिहल गइल आ पूरा इलाका सील कs दिहल गइल।

पुलिस चार बजे करी प्रेस कॉन्फ्रेंस

अभी ई जांच जारी बा कि ई विस्फोटक सामान इहां कइसे आ के रखल। पुलिस आसपास लागल सीसीटीवी फुटेज खंगाल रहल बिया आ सुराग जुटावे में लागल बिया। ममिला के गंभीरता के देखत करनाल पुलिस बतवस कि सांझ के करीब चार बजे प्रेस कॉन्फ्रेंस होई, जवना में अभी तक भइल जांच आ अगिला कदम के जानकारी दिहल जाई।

Read Also: Hong Kong Fire : हांगकांग अग्निकांड में अब तक 55  के मौत, 279 लोग लापता

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-