Bihar Jobs : अब नियुक्ति पs नीतीश सरकार के जोर, लिपिक आ तृतीय वर्ग के कर्मचारी के रिक्ति मांगल गइल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 27, 2025

पटना। बिहार में नया पारी सुरू होखतही नीतीश कुमार के सरकार अब विभागन में खाली पड़ल पद भरे पs जोर देत बिया। लगभग सब विभागन के निरदेस दे दिहल गइल बा कि ऊ लोग अपना-अपना

Share

पटना। बिहार में नया पारी सुरू होखतही नीतीश कुमार के सरकार अब विभागन में खाली पड़ल पद भरे पs जोर देत बिया। लगभग सब विभागन के निरदेस दे दिहल गइल बा कि ऊ लोग अपना-अपना विभाग में खाली पदन के पहचान करे आ जल्द से जल्द नियुक्ति प्रक्रिया सुरू करे।

सरकार के आदेस के बाद भवन निर्माण विभाग सब भवन अंचलन से कर्मचारी चयन आयोग के माध्यम से होखे वाली नियुक्ति- जइसे निम्नवर्गीय लिपिक आ तृतीय वर्गीय कर्मी- के रिक्ति के पूरा ब्योरा मंगले बा।

छपरा, पूर्णिया, सहरसा, पटना, दरभंगा सहित कइयन गो भवन अंचलन के भेजल पत्र में विभाग कहलस कि भवन अंचल आ अधीनस्थ प्रमंडल में निम्न वर्गीय लिपिक आ तृतीय वर्गीय कर्मचारियन के खाली पद के आरक्षण अनुसार रोस्टर क्लियर कs के प्रमंडलीय आयुक्त से अनुमोदन ले लिहल जावs। एकरा बाद एह पदन पs नियुक्ति खातिर अधियाचना विभाग के भेजल जावs।

विभाग एह पत्र में पहिले जारी भइल आदेस के जिकिर कइले बा, जवना में ई निरदेस पहिलहू दिहल गइल रहे। बाकिर विभाग के कहनाम बा कि कइयन गो अंचल अभी ले सरकार के मांगल जानकारी ना भेजलस।

विभाग के साफ निरदेस बा कि जवन अंचल पहिले के आदेस के बादो सरकार के वांछित जानकारी ना भेजलस, ऊ लोग अब 15 दिन के भीतर स्पष्टीकरण के साथ पूरा ब्योरा भेज देवs। ताकि नियुक्ति प्रक्रिया में आगे बढ़ल जा सके।

विभाग स्पष्ट कइले बा कि जे अधिकारी 15 दिन में जरूरी जानकारी ना भेजी लोग, ओह लोगन के चिह्नित कs के ओह लोगन के खिलाफ अनुशासनिक कार्रवाई सुरू कइल जाई।

Read Also: Haryana News : करनाल के कर्ण लेक के लगे मिलल विस्फोटक सामान, दू गो ग्रेनेड मिलल; एगो डिफ्यूज कइल गइल

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.