कंतारा चैप्टर 1 के एक्टर राकेश पुजारी के दिल के दौरा पड़ले से निधन

अभिनेता राकेश पुजारी के निधन

Share

रियलिटी शो ‘कॉमेडी किलाडिगालु’ के तिसरका सीजन के विजेता हास्य अभिनेता राकेश पुजारी के अतवार के दिने उडुपी के लगे निट्टे में एगो शादी समारोह के दौरान अचानक दिल के दौरा पड़ के निधन हो गइल. उनुकर उमिर 34 साल रहे। पुजारी के परिवार के सूत्र सोमार के बतवले कि मेहंदी समारोह के दौरान उनुका दिल के दौरा पड़ल अवुरी कुछ समय बाद उनुका के मृत घोषित कs दिहल गईल। उडुपी जिला के करकला के रहे वाला राकेश पुजारी दिनकर पुजारी आ शांभवी के बेटा रहलें। 

कन्नड़ टेलीविजन धारावाहिक हिटलर कल्याण में शानदार अभिनय खातिर इनके लोकप्रियता मिलल। ऊ कई गो अउरी टेलीविजन शो आ फिलिमन में भी नजर अइलें। हिंदुस्तान टाइम्स के खबर के मुताबिक, राकेश हाल ही में कांतारा चैप्टर 1 के शूटिंग पूरा क लेले बाड़े, इ फिल्म कंतारा के प्रीक्वेल हs, जवना के निर्देशन ऋषभ शेट्टी कईले बाड़े। कुछ दिन पहिले एगो जूनियर कलाकार के ब्रेक के दौरान नदी में तैरत डूब के मौत हो गईल रहे। 

इहो पढ़ीं: पाकिस्तानी सेना भारत पs कइलस फायरिंग, LoC पs भारतीय सेना  दिहलस मुंहतोड़ जवाब

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-