‘बिग बॉस’ से मिलल बॉलीवुड में एंट्री, ‘बेबी डॉल’ बन भइली मशहूर, उतार-चढ़ाव भरल रहल एक्ट्रेस के लाइफ

By Anurag Ranjan

Published on: May 13, 2025

बॉलीवुड अभिनेत्री सनी लियोनी आजु यानी 13 मई के आपन 44वां जन्मदिन मनावत बाड़ी. सनी लियोनी एह इंडस्ट्री में आपन खास पहचान बनवले बाड़ी. कई गो फिलिम आ आइटम गाना में काम कइले बाडी। सनी

Share

सनी लियोनी

बॉलीवुड अभिनेत्री सनी लियोनी आजु यानी 13 मई के आपन 44वां जन्मदिन मनावत बाड़ी. सनी लियोनी एह इंडस्ट्री में आपन खास पहचान बनवले बाड़ी. कई गो फिलिम आ आइटम गाना में काम कइले बाडी। सनी के जनम 1981 में कनाडा के सर्निया ओंटारियो में पंजाबी सिख परिवार में भइल रहे। उनकर असली नाव करनजीत कौर वोहरा हs। अपना कैरियर के सुरुआती दौर में ई अभिनेत्री जर्मन बेकरी आ टैक्स आ रिटायरमेंट फर्म में काम कइली। सनी लियोन नर्स बने के चाहत रहली, बाकिर किस्मत उनुका खातिर कुछ अवुरी चीज़ के इंतजाम रहे। आजु उनुकर नाव फिल्म इंडस्ट्री के टॉप अभिनेत्रियन के सूची में शामिल बा. बहुत कम लोग के मालूम बा कि सनी से सबसे पहिले फिल्म निर्माता मोहित सूरी अपना फिल्म ‘कलयुग’ (2005) खातीर संपर्क कईले रहले, बाकिर मामला फीस ना हो पाईल अवुरी अभिनेत्री एs ऑफर के खारिज कs देली। एकरा बाद उनुका बॉलीवुड डेब्यू के 7 साल इंतजार करे के पड़ल।

पूजा भट्ट के फिल्म से सनी के किस्मत चमकल

सनी लियोन के वेब सीरीज ‘करनजीत कौर – द अनटोल्ड स्टोरी ऑफ सनी लियोन’ 2018 आ 2019 में रिलीज भइल रहे।एह वेब सीरीज के माध्यम से उs अपना जीवन के बारे में बहुत खुलासा कईले। अगर सनी लियोन के कैरियर के बात करीं तs उनुका के पहिला बेर लोकप्रिय छोट परदा रियलिटी शो ‘बिग बॉस’ में देखल गइल. एह शो से अभिनेत्री के किस्मत चमकल आ एह शो के दौरान उनुका पहिला फिलिम के ऑफर मिल गइल. असल में सनी 2011 में रियलिटी शो बिग बॉस सीजन 5 में वाइल्ड कार्ड एंट्री कइले रहली, एहिजा से उनुका बॉलीवुड में प्रवेश करे के मौका मिलल. एह शो के एगो एपिसोड के दौरान निर्देशक महेश भट्ट मेहमान के रूप में अइले आ अपना आवे वाली फिलिम खातिर सनी के चुनले. पूजा भट्ट के निर्देशन में बनल ‘जिस्म 2’ से ऊ बॉलीवुड में प्रवेश कइली. एह फिलिम के बाद एह अभिनेत्री के बैक टू बैक फिलिम मिलल.

सनी लियोन के हिट कैरियर

बाद में ‘जैकपॉट’ (2013), ‘रागिनी एमएमएस 2’ (2014), ‘एक पहेली लीला’ (2015), ‘कुछ-कुछ लोचा है’ (2015), ‘मस्तीजादे’ (2016) और ‘वन नाइट स्टैंड’ (2016) जईसन कईगो फिल्मन में काम कइली। उs टीवी शो ‘स्पिल्ट्सविला’ के सातवाँ आ आठवाँ सीजन के होस्टिंग भी कइले बाड़ी। बता दीं कि सनी लियोन के बियाह डेनियल वेबर से भइल बा. एह जोड़ी के तीन गो बच्चा बा; एगो गोद लिहल बेटी आ दू गो बेटा सरोगेसी के माध्यम से पैदा भइल बा.

इहो पढ़ीं: पाकिस्तानी सेना भारत पs कइलस फायरिंग, LoC पs भारतीय सेना  दिहलस मुंहतोड़ जवाब

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.