चित्रकूट जेल में बंद विधायक अब्बास अंसारी से पत्नी निखत मिले खातिर जेल में 54 दिन के डेरा डलले रही । निखत 36 हाली जेल में पति से मुलाकातो कइली।पकड़ल गइल सपा नेता रुपया के लेनदेन से लेके हर जगह मध्यस्थता करत रहे ।

एकर नतीजा इ रहल कि कुल 54 दिन के प्रवास में उ बेखौफ होके 36 दिन तक विधायक पति से मिले जेल गईल रहली । जेल के अधिकारियन आ कर्मचारियन के भूमिका के जांच चल रहल बा एह में नियमानुसार निलंबन के अलावा अउरी कार्रवाई होई ।
सोमार के चित्रकूटधाम मंडल के डीआईजी विपिन मिश्रा रात के एसपी कार्यालय में पत्रकार वार्ता कइके बतवले कि पुलिस रिमांड में मिलल जानकारी के आधार पs सपा के जिला महासचिव के हिरासत में लिहल गईल बा । अन्य सहयोगियन के तलाश में उ लोग के घरे छापेमारी कईल गईल बा ।
निखत आ ओकरा परिजन के मदद करे वालन के बहुत लमहर चेन बा । एकरा तह तक जाए के कोसिस कईल जा रहल बा । एह नेता के जेल अधिकारियन आ कर्मचारियन के नगदी आ गिफ्ट देबे के अलावा हर मामिला में मध्यस्थता के प्रमुख भूमिका बा । मकान दियावे आ अन्य सुविधन के अलावा रुपया के लेनदेन, नगदी, बैंक से लेनदेन, ऑनलाइन ट्रांजेक्शन आ लेआवे- लेजाए के कामो कइले बा |
पत्रकार वार्ता में एसपी वृंदा शुक्ला बतवली कि निखत आ ओकर परिजन जिला में 18 दिसंबर के आईल रहले । एकरा बाद कई जगह संपर्क कइले । एह महीना में उ जेल ना गईली बाकिर जनवरी माह में सेटिंग हो गईला के बाद 25 दिन आ फरवरी महिना में 9 दिन मिले पहुंचली।