“खबर भोजपुरी डॉट कॉम” उ ठेहा हs, जवना के सुरुआत बरिस 2016 में भइल। सुरुआत के बेरे से ‘खबर भोजपुरी’ हर खबर रउआ सभन तक राउरे भाषा ‘भोजपुरी’ में पहुँचावे खातिर समर्पित रहल बा।
हमनी के उद्देश्य भोजपुरी भाषा के ओकर मान-सम्मान दिलावे के संगे-संगे भोजपुरिया झेत्र के समस्या के सभका तक पहुँचावे के बा जवना से ओकर समाधान मिल सको।
कंगना रनौत : सुप्रिया श्रिनेत के आपत्तिजनक पोस्ट प कंगना जवाबी, सोशल मीडिया प उचित जवाब दिहली
Share
सुप्रिया एगो आपत्तिजनक पोस्ट कंगना के तस्वीर के संगे शेयर कईले रहली, जवना के बाद भाजपा के नेता कांग्रेस प कड़ा हमला करsतारे।
हालही में भाजपा हिमाचल प्रदेश के मंडी सीट से कंगना रानौत के लोकसभा चुनाव खातिर आपन उम्मीदवार बना दिहले बिया । उनका नाम के एलान के बाद से फिल्म स्टार समेत राजनेता के प्रतिक्रिया सोझा आवे लागल बा। एही बीच कांग्रेस नेता सुप्रिया श्रिनेत ए अभिनेत्री के बारे में एगो पोस्ट कईले बाड़ी, जवना के चलते विवाद पैदा हो गईल बा।
भाजपा आपत्ति जतsवलस
असल में सुप्रिया कंगना के तस्वीर के संगे एगो आपत्तिजनक पोस्ट शेयर कईले रहली, जवना के बाद भाजपा के नेता कांग्रेस प कड़ा हमला करsतारे। हालांकि बाद में ई पोस्ट हटा दिहल गइल बाकिर एह मामिला प विवाद रुकत नइखे लउकत । अब कंगना रनौत के प्रतिक्रिया भी एह पोस्ट प सोझा आईल बा।
कंगना एपर प्रतिक्रिया देली
कंगना सुप्रिया के पोस्ट के स्क्रीनशॉट शेयर करत एक्स प लिखली कि, प्रिय सुप्रिया जी, हम कलाकार के रूप में अपना कैरियर के पछिला 20 साल में हर प्रकार के महिला किरदार निभवले बानी। रानी में एगो मासूम लईकी से लेके धाकर में जासूस तक, मणिकर्णिका में देवी से लेके चंद्रमुखी में राक्षस तक। रज्जो के रंडी से लेके थलैवी में क्रांतिकारी नेता तक। हमनी के अपना बेटी के पूर्वाग्रह के बेड़ी से मुक्त करावे के चाही। हमनी के ओह लोग के शरीर के अंग के बारे में उत्सुकता से ऊपर उठ जाए के चाहीं। एकरा अलावे हमनी के सेक्स वर्कर के चुनौतीपूर्ण जीवन चाहे परिस्थिति के वर्णन करे खाती अयीसन निंदा के इस्तेमाल से बचे के चाही। हर नारी अपना इज्जत के हकदार बिया….”
TAGS:Bjp, BJP Candidate, BJP Government, election news, kangana ranaut, Lok Sabha, Loksabha Elections 2024, SUPRIYA SRINATE Bad Comment on Kangna
Share this article
Sonu Kishor
Sonu Kishor
T20 World Cup 2026 से बाहर होखतही सनथ जयसूर्या छोड़लें कोच पद, श्रीलंकाई क्रिकेट में मचल हड़कंप
T20 World Cup 2026 : न्यूजीलैंड के जीत से बदलल सेमीफाइनल के गणित, पाकिस्तान अब एह तरे सेमीफाइनल में पहुंच सकी
IND vs ZIM : सुपर-8 में भारत खातिर करs भा मरs के मुकाबला, जिम्बाब्वे से चेन्नई में भिड़ंत
Shikhar Dhawan : दिल्ली कोर्ट के बड़ फैसला, धवन के पूर्व पत्नी वापस करिहें 5.7 करोड़ रुपिया
Women Asia Cup Rising Star : टीम इंडिया बनल वुमेंस एशिया कप राइजिंग स्टार के चैंपियन, फाइनल में बांग्लादेश के देलस शिकस्त
Gorakhpur News : दयानंद टी-10 क्रिकेट प्रतियोगिता के भव्य सुभारंभ, महिला टी-10 में सुपरनोआज बनल विजेता
01 मार्च 2026 के राशिफल
28 फरवरी 2026 के राशिफल
26 फरवरी 2026 के राशिफल
Sabarimala Temple : सबरीमाला मंदिर में महिला प्रवेश पs सुप्रीम कोर्ट फेर से करी विचार, चुनाव से पहिले दुविधा में केरल सरकार