[the_ad_group id="30365"]

होली पs 70 अतिरिक्त बस चला यात्रियन के सुविधा देवे खातिर परिवहन निगम कसलस कमर, लखनऊ रूट पs चली सबसे जादे बस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

होली पs यात्रियन खातिर बस के कमी ना होखे, एकरा खातिर रोडवेज एक हफ्ता ले रोजाना अतिरिक्त बसन के चलावे के निर्णय लेले बा। होली के दौरान गोरखपुर परिवहन निगम के ओर से विशेष तइयारी कइल गइल बा। 25 मार्च से दु अप्रिल तक परिवहन विभाग के ओर से 70 गो अतिरिक्त बस चलावल जाई।

गोरखपुर रीजन के क्षेत्रीय प्रबंधक लव कुमार सिंह बतवलें कि 20 गो अतिरिक्त बस गोरखपुर-दिल्ली मार्ग पs चलावल जा रहल बा। एही तरे 25 गो अतिरिक्त बस गोरखपुर-अयोध्या-लखनऊ मार्ग पs चली। ई बस दु अप्रिल तक चलावल जइहें सs।

एकरा खातिर चालकन आ परिचालकन के निरदेस जारी कs दिहल गइल बा। सब चालक-परिचालकन के छुट्टियन के रद्द कs दिहल गइल बा। आरएम कहलें कि संचालन में कवनो तरे के लापरवाही बर्दाश्त ना कइल जाई। एकरा खातिर अतिरिक्त प्रोत्साहन राशि दिहल जाई।

बसन के फेरा बढ़ावल गइल 

• गोरखपुर-लखनऊ मार्ग पs 25 अतिरिक्त ट्रिप।

• गोरखपुर-दिल्ली मार्ग पs 20 अतिरिक्त ट्रिप।

• गोरखपुर-कानपुर मार्ग पs 9 अतिरिक्त ट्रिप।

• गोरखपुर- वाराणसी मार्ग पs 6 अतिरिक्त टिप।

• गोरखपुर-जौनपुर-प्रयागराज मार्ग पs 5 अतिरिक्त ट्रिप।

• गोरखपुर-ठूठीबारी मार्ग पs 5 अतिरिक्त ट्रिप।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]