Varanasi: बर्निंग ट्रेन बनला से बचल कामायनी एक्सप्रेस, लईकन के बहादुरी से टलल हादसा; पहिया में लाग चुकल रहे आग

Anurag Ranjan

यूपी के वाराणसी जिला में सेवापुरी स्टेशन के लगे एगो बड़ रेल हादसा होखे से टल गइल। एह हादसा के बचावे में पटरी के किनारे खेल रहल लईकन के बहादुरी काम आइल, जे लोग गंभीर दृश्य देखके हल्ला कईल, जवना कारण समय रहते ट्रेन के रोक लिहल गइल।

दरअसल, वाराणसी से मुंबई के ओर जा रहल कामायनी एक्सप्रेस के एस-5 कोच के पहियन में आग लग गइल रहे। ओमे से धुआं आ आग के लपट उठे लागल रहे। गाड़ी नेवादा, डिगहर गांव के सोझा पहुंचल रहे। लईका लोग पहिया में लागल आग के देख शोर मचवलस तs कपसेठी स्टेशन के पूर्वी आउटर सिग्नल के पोल नंबर 797 के लगे यात्री लोग चेन खींचके ट्रेन के रोक दिहल।

ट्रेन के रुकतही अफरा तफरी मच गइल आ यात्री सामान के संगे कूद के भागल सुरू कs दिहल लोग। बतावल जात बा कि अप कामायनी एक्सप्रेस 4:13 पs सेवापुरी स्टेशन से जब गुजरत रहे तs ओहि समय ट्रेन के उक्त डिब्बा से आग के लपट निकले लागल।

लोको पायलट एके सिंह बतवलें कि वॉकी टॉकी के सहारे सेवापुरी के स्टेशन मास्टर राज बहादुर सिंह उक्त कोच में धुआं निकले के सूचना देले रहस। ट्रेन के रुकला के बादे मवका पs ट्रेन में चल रहल रनिंग स्टाफ के राम निहोर आ निहाल नाम के कर्मचारी तुरंत अग्निशामक सिलेंडर के संगे उक्त बोगी के लगे पहुंचके आग बुझावे के कार्रवाई में जुट गइल लो।

एही बीच कपसेठी स्टेशन मास्टर अब्दुल असद के सूचना पs कपसेठी स्टेशनो के रनिंग स्टाफ पहुंचल आ आग पs काबू पावल। तब जाके ट्रेन 5:15 पs घटना स्थल से रवाना होके कपसेठी स्टेशन पहुंचल, जहवां दोबारे ओकर जांच कइल गइल।

सब कुछ ठीक होखला पs 5:26 पs ट्रेन गंतव्य के रवाना भइल। एह तरे से 1 घंटा 5 मिनट ट्रेन रुकल रहल। ट्रेन के पायलट आ कपसेठी के स्टेशन मास्टर बतवलें कि उक्त कोच के ब्रेक ब्लॉक जाम होखला के चलते ई घटना घटित भइल।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।