Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पटना रेलवे स्टेशन पs तीन मिनट तक चलल पॉर्न वीडियो, मचल हड़कंप

378

पटना रेलवे स्टेशन पs ट्रेनन के इंतजार कर रहल सइयन यात्रियन के ओह समय अजीब इस्थिति के सामना करे के पड़ल जब तीन मिनट तक सभे टीवी स्क्रीन पs पॉर्न वीडियो चले लागल। ई वीडियो स्टेशन के सब लेटफॉर्म पs तीन मिनट तक चलल। घटना अतवार के रात के हs।

वीडियो आ फिल्मन के प्रसारण के ठेका एगो निजी कंपनी के दिहल गइल बा। रेलवे सुरक्षा बल (आरपीएफ) के अधिकारी लोग तुरंत ओकरा से संपर्क कइल आ प्रसारण बंद करावल।

घटना के पुष्टि करत दानापुर इस्थित डीआरएम कार्यालय के आधिकारिक प्रवक्ता प्रभात कुमार कहलें, हमनी घटना के जांच सुरू कs देले बानी सs आ ठेका रद्द करे के प्रक्रियो सुरू कs देले बानी सs। हमनी के कंपनी के अधिकारियन के खिलाफ प्राथमिकी दर्ज कs लेले बानी सs.. एकरा के बर्दाश्त नइखे कइल जा सकत। हमनी के कंपनी के ब्लैकलिस्ट कs देले बानी सs।

सूत्र लोग बतावल कि एही तरे के घटना अतवार के सबेरहू एही रेलवे स्टेशन पs भइल रहे।

485750cookie-checkपटना रेलवे स्टेशन पs तीन मिनट तक चलल पॉर्न वीडियो, मचल हड़कंप

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.