Junior Mens Asia Cup Hockey: पाकिस्तान के हराके भारत चउथा बेर जीतल खिताब, विश्वकप खातीरो कइलस क्वालिफाई

Share

 

 

एकरा से पहिले भारत 2004, 2008 अवुरी 2015 में जूनियर एशिया कप हॉकी के खिताब जीतले रहे। पाकिस्तान एह टूर्नामेंट में तीन बेर (1987, 1992 आ 1996) जीत चुकल बा।

भारतीय जूनियर हॉकी टीम आपन दबदबा जारी रखलस आ अपना कट्टर प्रतिद्वंद्वी पाकिस्तान के 2-1 से हरा के आपन चउथा एशिया कप खिताब जीत लिहलस। 13वां मिनट में अंगद बीर सिंह, 20वें मिनट में अरिजीत सिंह गोल कइले। अब्दुल बशरत 37वां मिनट में पाकिस्तान खातिर अकेला गोल क दिहलन। एह टूर्नामेंट में नाबाद प्रदर्शन करे वाली भारतीय टीम मलेशिया में होखे वाला इंटरनेशनल हॉकी फेडरेशन (एफआईएच) के पुरुष जूनियर विश्व कप खातिर भी क्वालीफाई कर चुकल बिया।

एकरा से पहिले भारत 2004, 2008 अवुरी 2015 में जूनियर एशिया कप हॉकी के खिताब जीतले रहे। पाकिस्तान एह टूर्नामेंट में तीन बेर (1987, 1992 आ 1996) जीत चुकल बा।

कप्तान उत्तम सिंह के मैन ऑफ द मैच चुनल गइल

अरिजीत के शॉट पे गोलपोस्ट तक पहुंच के अंगदबीर पहिला गोल कईले। अरिजीत 2-0 से बढ़त बना लेले रहले। अंतराल के बाद पाकिस्तान के गोल करे में सफलता मिलल। अंतिम क्वार्टर में पाकिस्तान बराबरी के बहुते कोशिश कइलस बाकिर भारतीय रक्षा अडिग रहल। भारतीय कप्तान उत्तम सिंह के मैन ऑफ द मैच चुनल गइल।पाकिस्तान के खिलाफ मैच लीग मैच में बराबरी के रहे। अबकी बेर सावधान रहले। एतना दर्शक के सोझा टीम कबहूँ मैच ना खेलले रहे। जल्दीए स्कोरिंग फायदेमंद रहे।

 

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-