जंगल कौड़िया-जगदीशपुर रिंग रोड: CM योगी किसानन से कइले मुलाकात, बोलले- दिहल जाई उचित मुआवजा

Minee Upadhyay

 

 

सीएम योगी आदित्यनाथ जंगल कौड़िया से जगदीशपुर ले रिंग रोड बनावे खातिर अधिग्रहित जमीन के उचित मुआवजा देबे के निर्देश दिहले बाड़न। रविवार के प्रभावित इलाका के किसान सीएम से मिल के कम मुआवजा मिले के शिकायत दर्ज करवले। सीएम, डीएम कृष्ण करुणेश के निर्देश देले कि सड़क के दर अवुरी खेती के जमीन के मुआवजा वर्तमान दर से तय क के सड़क के जमीन उपलब्ध करावे।

उ कहले कि रिंग रोड के निर्माण में जवना किसान के मकान तबाह होखता, ओकरा के नयका दर पs मुआवजा उपलब्ध करावे के चाही, ताकि उ लोग एकरा से दोसर मकान बना सकस। सीएम से मिलला के बाद किसान गदगद देखाई देले।

जंगल कौड़िया-जगदीशपुर रिंग रोड खातिर कोनी से जंगल कौड़िया ले कुल 26 गांव के किसान के जमीन अधिग्रहण हो गईल बा। एकरा खातिर एनएचएआई कम मुआवजा दे रहल बा। एकरा चलते किसान सहमति पत्र नईखन देले। हालांकि किसान उचित मुआवजा पावे खातीर मध्यस्थता दाखिल करतारे। किसान पिपराच के विधायक महेन्द्र पाल सिंह से सीएम से परिचय करावे के कहले। विधायक सीएम से अनुमति लेके 10 किसान के प्रतिनिधिमंडल से मुलाकात कईले।

अतवार के साँझ विधायक के साथे किसान विकास पाण्डेय, नरेन्द्र सिंह, त्रयंबक उपाध्याय, गुलाबचंद जायसवाल, अरविंद सिंह, धर्मेंद्र कुमार गुप्ता, अजय सिंह आ अभिमन्यु सिंह समेत दस गो किसान सीएम योगी आदित्यनाथ से भेंट करे गोरखनाथ मंदिर चहुँप गइलें। करीब 20 मिनट के बैठक में किसान आपन पक्ष पेश कईले। सीएम तुरंत डीएम से कहले कि विधायक महेंद्र पाल सिंह अवुरी किसान के संगे बैठक क के नयका दर पs मुआवजा लेवे के प्रक्रिया पूरा करस।

 

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।