छपरा मे राष्ट्रीय लोक जनता दल पार्टी के सक्रिय कार्यकर्त्तन के भइल बैठक, सईयन कार्यकर्ता बैठक मे भइलें सामिल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 19, 2023

सारण (बिहार)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: छपरा बड़ा तेलपा कुशवाहा कम्पलेक्स मे मंगर के राष्ट्रीय लोक जनता दल पार्टी के सक्रिय कार्यकर्तन के बैठक भइल। जेकर अध्यक्षता पार्टी के जिला अध्यक्ष डॉ० अशोक कुशवाहा कइलें। बैठक मे

Share

सारण (बिहार)/धर्मेंद्र कुमार सिंह: छपरा बड़ा तेलपा कुशवाहा कम्पलेक्स मे मंगर के राष्ट्रीय लोक जनता दल पार्टी के सक्रिय कार्यकर्तन के बैठक भइल। जेकर अध्यक्षता पार्टी के जिला अध्यक्ष डॉ० अशोक कुशवाहा कइलें।

बैठक मे सब प्रखंडन मे संगठन विस्तार करे पs चरचा भइल, आ 14 अगस्त के राष्ट्रीय लोक जनता दल के प्रेक्षागृह भवन मे कार्यकर्त्तन के महा सम्मलेन के तइयारियन के लेके विशेष बैठक भइल। आयोजित बैठक मे सब कार्यकर्ता लोग उत्साह पूर्वक कार्यकर्त्ता लोगन के प्रेक्षागृह भवन मे अच्छा खासा भीड़ जुटासे के बात कहल। महा सम्मेलन के मुख्य अतिथि भारत सरकार के पूर्व मंत्री आ राष्ट्रीय लोक जनता दल के राष्ट्रीय अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा होइहें। बैठक मे छपरा शहर मे बैनर, पोस्टर आ दर्जनन जगहन पs तोरण द्वार लगावे पs चरचा चलल।

मवका पs बैठक में महासचिव निरंजन गुप्ता, प्रदेश महासचिव ओमप्रकास सिंह मुखिया, नवल सिंह, विनय सिंह, अशोक कुशवाहा, श्रीकांत सिंह, आनंद कुमार, पार्टी के वरीय जुझारु नेता शैलेन्द्र सिंह कुशवाहा, महासचिव शौकत अली, डॉ केदार सिंह, जिला युवा अध्यक्ष मुकेश सिंह सहित सइयन पार्टी के कार्यकर्ता बैठक मे सामिल रहल लो।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.