Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

28 जून: जानि कि आज के दिन के देश-दुनियां के इतिहास

194

आपातकाल खातिर भारत के राजनीतिक इतिहास में जून महीना सदियन ले याद कइल जाई । इहाँ देखीं, 28 जून के देश-दुनिया में भइल कुछ घटना।

आपातकाल खातिर भारत के राजनीतिक इतिहास में जून महीना सदियन ले याद कइल जाई । आपातकाल के घोषणा के दू दिन के भीतर राजनीतिक विरोधी आ आंदोलनकारी लोग के गतिविधि पर नजर रखल गइल आ ब्रिटिश शासन के बाद पहिला बेर सरकार प्रेस पर रोक लगा दिहलस। हालात अइसन रहे कि अखबारन में छपे वाला खबरन के सेंसर होखे लागल आ अखबार छपवावे से पहिले सरकार से अनुमति लेबे पर बंदिश लगा दिहल गइल ।

इमरजेंसी के दौरान 3801 अखबार के घोषणा जब्त क लिहल गइल। 327 पत्रकारन के मिसा से लॉक आउट कर दिहल गइल आ 290 अखबारन में विज्ञापन बंद कर दिहल गइल । हालात अतना खराब हो गइल कि टाइम आ गार्जियन अखबारन के समाचार प्रतिनिधियन के भारत छोड़े के कहल गइल । रायटर समेत दोसरा एजेंसियन के टेलेक्स आ टेलीफोन काट दिहल गइल ।

जानीं 28 जून के देश आ दुनिया में भइल अउरी घटना...

  • 1651 : पोलैंड आ यूक्रेन के बीच बेरेस्टेंको युद्ध शुरू भइल।
  •  1776: अमेरिकी क्रांति: सुलिवन के द्वीप युद्ध अमेरिकी जीत के साथ खतम भइल।
  •  1787 : ब्रिटिश-भारतीय सेना के नेतृत्व करे वाला सर हेनरी जी. डब्लू स्मिथ के जनम भइल।
  •  184 : एडोल्फ सैक्स वाद्ययंत्र सैक्सोफोन के पेटेंट करवले.
  • 1857 : नाना साहेब बिठूर में अपना के पेशवा घोषित कइलें, भारत से अंग्रेजन के बेदखल करे के आह्वान कइलें।
  •  1894 : अमेरिका में मजदूर दिवस के आधिकारिक छुट्टी घोषित कइल गइल ।
  •  1902 :अमेरिकी संसद स्पूनर एक्ट पारित कइलस जवना में राष्ट्रपति थियोडोर रूजवेल्ट के कोलंबिया से पनामा नहर के अधिग्रहण करे के अधिकार दिहल गइल ।
  •  1914 : साराजेवो में आस्ट्रिया के आर्कड्यूक फ्रांज फर्डिनेंड आ उनकर मेहरारू सोफी के हत्या भइल, ई पहिला बिस्व जुद्ध के तत्काल कारण बन गइल।
  •  1919 : वारसॉ के संधि पर हस्ताक्षर भइल।
  •  1921 : भारत के पूर्व प्रधानमंत्री पी.वी नरसिंबा राव के जन्म
  •  1926 : गोटलीब डेमलर आ कार्ल बेंज एह दुनों कंपनी के विलय कs के मर्सिडीज-बेंज के शुरुआत कइलें।
  •  1940 : बांग्लादेशी अर्थशास्त्री आ नोबेल पुरस्कार विजेता मोहम्मद यूनुस के जनम ।
  •  1950 : कोरियाई युद्ध : वामपंथी लोग के प्रति नरम रवैया रखे के शक में ‘बोडो लीग नरसंहार’ में लगभग एक से दू लाख लोग के मौत हो गइल|
  •  1975 : भारत में आपातकाल के दौरान सरकार विरोधी विरोध प्रदर्शन के पृष्ठभूमि में केंद्र आजादी के बाद से सबसे कठोर प्रेस सेंसरशिप लागू कइलस|
  •  1981 : तेहरान में एगो बड़हन बम विस्फोट भइल जवना में इस्लामिक रिपब्लिकन पार्टी के 73 गो अधिकारियन के मौत हो गइल ।
  •  1986 : मिजो नेशनल फ्रंट से समझौता, लाल डेंगा मिजोरम के मुख्यमंत्री बने।
  •  1986 : केंद्र सरकार अविवाहित लड़िकियन के भी प्रसूति अवकाश देबे के कानून बनवलस ।
  •  1995 : बाघन के शिकारी से बचावे आ ओह लोग के आश्रय देबे खातिर मध्य प्रदेश के ‘टाइगर स्टेट’ घोषित कर दिहल गइल ।
  •  1996 : फिलिस्तीनी नियंत्रित गाजा शहर में भारत आपन मिशन खोललस।
875610cookie-check28 जून: जानि कि आज के दिन के देश-दुनियां के इतिहास

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.