Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

1 जुलाई: इतिहास के महत्वपूर्ण घटना के बारे में जानी, देश दुनियां में का भइल

314

साल के सातवाँ महीना के ई पहिला दिन दू साल पहिले देश के अर्थव्यवस्था खातिर यादगार हो गइल जब केंद्र के नरेंद्र मोदी सरकार वस्तु आ सेवा कर (जीएसटी) प्रणाली लागू कइलस ।

साल के सातवाँ महीना के ई पहिला दिन दू साल पहिले देश के अर्थव्यवस्था खातिर यादगार हो गइल जब केंद्र के नरेंद्र मोदी सरकार वस्तु आ सेवा कर (जीएसटी) प्रणाली लागू कइलस । एकरा के देश के कर प्रणाली में सुधार के बहुत महत्वपूर्ण कदम के रूप में देखल गइल बा।

देश आ दुनिया के इतिहास में 1 जुलाई के तारीख के दर्ज कुछ अउरी घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा।

  •   1862 : कलकत्ता हाई कोर्ट के उद्घाटन भइल।
  •  1879 : भारत में पोस्टकार्ड के शुरूआत।
  •  1955 : इम्पीरियल बैंक ऑफ इंडिया के राष्ट्रीयकरण भइल आ ओकर नाम बदल के स्टेट बैंक ऑफ इंडिया राखल गइल।
  •  1960 : अफिरकी देश घाना के गणतंत्र घोषित कइल गइल।
  •  1964 : भारतीय औद्योगिक विकास बैंक के स्थापना
  •  1968 : अमेरिका, ब्रिटेन, रूस आ अउरी 59 गो देस परमाणु हथियार के प्रसार रोके खातिर परमाणु अप्रसार संधि पर हस्ताक्षर कइलें।
  •  1975 : तत्कालीन प्रधानमंत्री इंदिरा गांधी 20 सूत्री कार्यक्रम के घोषणा कइली।
  • 1991 : वारसॉ संधि के भंग कर दिहल गइल.
  •  1995 : अमेरिका ताइवान पर लगावल प्रतिबंध हटा दिहलस।
  •  1996: ऑस्ट्रेलिया के उत्तरी प्रांत में दुनिया में पहिला बेर इउथैनेशिया कानून लागू भइल।
  •  1997 : हांगकांग 156 साल तक ब्रिटिश शासन के बाद चीन के अधिकार स्वीकार कइलस।
  •  2000.. लॉर्ड्स में भइल सौवाँ ऐतिहासिक टेस्ट मैच में इंग्लैंड वेस्टइंडीज के हरा दिहलस।
  •  2006 : शतरंज खिलाड़ी परिमर्जन नेगी दूसरा सबसे कम उम्र के ग्रांडमास्टर बनले।
  •  2017 : अर्थब्यवस्था के एगो महत्वपूर्ण सुधार के रूप में भारत में वस्तु आ सेवा कर (जीएसटी) लागू कइल गइल।
878680cookie-check1 जुलाई: इतिहास के महत्वपूर्ण घटना के बारे में जानी, देश दुनियां में का भइल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.