मशरक मे उपेंद्र कुशवाहा के आगमन को ले कार्यकर्त्तन मे खुसी

Share

मशरक (सारण)/ धर्मेंद्र कुमार सिंह: राष्ट्रीय लोक जनता दल के राष्ट्रीय अध्यक्ष आ भारत सरकार के पूर्व मंत्री उपेंद्र कुशवाहा अपना काफिला के संगे पटना से गोपालगंज कार्यकर्ता महा सम्मेलन मे सामिल होखे मशरक के रास्ते जाये वाला बाड़ें।

ओहि क्रम मे मुन्नी मोड़ रेलवे ढाला के लगे राष्ट्रीय लोक जनता दल के सईयन कार्यकर्ता 10 बजे पहुँच के गाजा बाजा के संगे राष्ट्रीय अध्यक्ष श्री उपेंद्र कुशवाहा के फूल माला से स्वागत करी लो। ओकरा बाद उहंवा से मशरक पूरब टोला पार्टी के प्रदेश महासचिव शौकत अली के लगे पहुंचिहें। राष्ट्रीय अध्यक्ष श्री उपेंद्र कुशवाहा के काफिला उनका दरवाजा पs पहुँच के कुछ समय खातिर ठहरी।

ओकरा बाद फेर स्टेशन रोड,  दुर्गा चौक, थाना रोड होते हुए गोपालगंज खातिर प्रस्थान करे के दौरान मशरक के डुमरशन शिव मंदिर के लगे सईयन कार्यकर्तन द्वारा श्री उपेंद्र कुशवाहा के स्वागत कइल जाई। पार्टी के प्रदेश महासचिव शौकत अली अंसारी के नेतृत्व मे राष्ट्रीय अध्यक्ष उपेंद्र कुशवाहा के स्वागत कइल जाई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-