NDA Meet: राजग के प्रवक्ता लोगन के बैठक आज, आगामी लोकसभा चुनाव पs होई चरचा; जेपी नड्डा रखिहें आपन बात

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 11, 2023

आगामी लोकसभा चुनाव के मद्देनजर भारतीय जनता पार्टी (BJP) सुक के पार्टी आ सहजोगी दलन के प्रवक्तन के बैठक आयोजित करी। ई बैठक सबेरे 10 बजे से सांझ चार बजे तक चली। चुनावी रणनीति होई

Share

आगामी लोकसभा चुनाव के मद्देनजर भारतीय जनता पार्टी (BJP) सुक के पार्टी आ सहजोगी दलन के प्रवक्तन के बैठक आयोजित करी। ई बैठक सबेरे 10 बजे से सांझ चार बजे तक चली।

चुनावी रणनीति होई तईयार

एह बैठक के केंद्रीय मंत्री पीयूष गोयल संबोधित करिहें आ फेर समापन भाषण भाजपा के राष्ट्रीय अध्यक्ष जेपी नड्डा दिहें। बैठक में आगामी लोकसभा चुनाव पs चरचा होई आ ई रणनीति तईयार कइल जाई कि राजग प्रवक्ता लोगन के मीडिया के सोखझा कइसे बोले के चाहीं।

समाचार एजेंसी एएनआई सूत्रन के हवाले से बतवलस कि बैठक में राजग के सब दलन से दु-दु प्रतिनिधियन के आमंत्रित कइल गइल बा।

बैठक में के-के लिही हिस्सा?

  • बिहार से एह बैठक में राष्ट्रीय लोक जनता दल (RLJD) के मुख्य सचिव उपेन्द्र कुशवाहा सहित आरएलजेडी प्रवक्ता रामपुकार सिन्हा आ राहुल कुमार सामिल होई लो।
  • एकरा अलावे अपना दल (एस), सुहेलदेव भारतीय समाज पार्टी (SBSP) आ निषाद पार्टी के प्रवक्ता सम्मिलित होई लो। सुभासपा से अरुण राजभर आ पीयूष मिश्रा आ निषाद पार्टी से राजीव यादव आ अमित निषाद मवजूद रही लो।
  • जीतन राम मांझी के पार्टी हिंदुस्तानी अवाम मोर्चा से राजेश पांडे आ श्याम सुंदर शरण होई लो, जबकि आरएलजेपी के प्रतिनिधित्व संजय सर्राफ आ श्रवण अग्रवाल करी लो।

बैठक के एगो सत्र के लोक जनशक्ति पार्टी (LJP) अध्यक्ष चिराग पासवान संबोधित करिहें। एकरा अलावे अनुराग ठाकुर आ अनुप्रिया पटेल आपन वक्तव्य दे सकत बा लो।

साभार: दैनिक जागरण

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.