JNUSU Election Result 2025 : जेएनयू छात्रसंघ चुनाव में अभाविप के झंडा लहरल, विज्ञान संकाय में 8 सीटन पs जीत

ABVP celebrates victory in JNUSU Election 2025, students cheering after winning eight seats in JNU science faculty

Share

दिल्ली। जवाहरलाल नेहरू विश्वविद्यालय (JNU) में छात्रसंघ चुनाव के मतगणना के काम जारी बा। अबकि बेर कुल 67 प्रतिशत वोटिंग भइल बा, जवन पिछिला साल के मुकाबले कुछ कम बा। सोमार के सांझ के पांच बजे वोटिंग खतम भइल आ रात बारह बजे से काउंटिंग सुरू भइल।

विज्ञान संकाय में अभाविप के जोरदार प्रदर्शन

सुरुआती रुझान में साफ देखल जा रहल बा कि अखिल भारतीय विद्यार्थी परिषद (ABVP) के प्रदर्शन जबरदस्त रहल बा। विज्ञान संकाय के 15 में से 8 काउंसलर सीट पs अभाविप के जीत तय हो गइल बा, बाकी बचल सीटन पs ओकर बढ़त बनल बा।

अभाविप के लहर कैंपस में

अभी ले जेतना काउंटिंग भइल बा, ओकरा हिसाब से स्कूल ऑफ कंप्यूटर एंड सिस्टम साइंसेज में 3 में से 2 सीट, स्कूल ऑफ इंजीनियरिंग में 4 में से 2 सीट आ स्कूल ऑफ बायोटेक में 2 में से 2 सीट अभाविप जीते में सफल रहे। एह जीत से पूरा कैंपस में अभाविप समर्थक उत्साह में बा लोग।

बाकी बचल स्कूल- जइसे स्कूल ऑफ सोशल साइंसेज आ स्कूल ऑफ इंटरनेशनल स्टडीज- के वोट गिनती अभी बाकी बा। सुरुआती आंकड़ा से साफ हो रहल बा कि अभाविप चारो केंद्रीय पद पs मजबूत बढ़त बनवले बा।

अभाविप केंद्रीय चुनाव संयोजक अरुण श्रीवास्तव कहलें,

“अभी तक के रुझान इशारा करत बा कि अभाविप चारो पद पs निर्णायक बढ़त में बा। ई छात्रन के विश्वास आ संगठन के मेहनत के नतीजा बा।”

सेंट्रल पैनल के चार पद पs उम्मीदवार

अध्यक्ष पद: आदिती मिश्रा, अंगद सिंह, राज रत्न राजोरिया, शिंदे विजायलक्ष्मी, विकास पटेल, विकास, शिरसावा इंदू

उपाध्यक्ष पद: गोपिका बाबू, शेख शाहनवाज आलम, तान्या कुमारी

महासचिव पद: गोपी कृष्णन यू, प्रीति, राजेश्वर कांत दुबे, शोएब खान, सुनील यादव

संयुक्त सचिव पद: अनुज, दानिश अली, कुलदीप ओझा, मनमोहन, रवि राज

महिला उम्मीदवारन के बढ़ल भागीदारी

एह चुनाव में करीब 30 प्रतिशत महिला उम्मीदवार सेंट्रल पैनल पs आ 25 प्रतिशत महिला उम्मीदवार काउंसलर पद पs मैदान में बा लोग।

Read Also: Bihar Election 2025 : हर बूथ पs सशस्त्र बल, सब सीमा सील, साढ़े चार लाख सुरक्षा कर्मी तैनात

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-