Bihar Politics : सम्राट चौधरी के समर्थन में बसपा प्रत्याशी आशीष आनंद बइठलें, तारापुर के चुनाव में बढ़ल दिलचस्पी

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 5, 2025

मुंगेर। तारापुर विधानसभा में वोटिंग से ठीक एक दिन पहिले बड़ राजनीतिक उलटफेर देखे के मिलल बा। बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के उम्मीदवार आशीष आनंद अब भाजपा प्रत्याशी आ बिहार के उपमुख्यमंत्री सम्राट चौधरी के

Share

BSP candidate Ashish Anand supports Deputy CM Samrat Choudhary in Tarapur election, Bihar politics heats up

मुंगेर। तारापुर विधानसभा में वोटिंग से ठीक एक दिन पहिले बड़ राजनीतिक उलटफेर देखे के मिलल बा। बहुजन समाज पार्टी (बसपा) के उम्मीदवार आशीष आनंद अब भाजपा प्रत्याशी आ बिहार के उपमुख्यमंत्री सम्राट चौधरी के समर्थन में उतर गइल बाड़ें।

एह घोषणा के आशीष आनंद खुद प्रेस वार्ता कs के जानकारी देलें। एह दौरान भाजपा युवा मोर्चा के प्रदेश उपाध्यक्ष अश्वनी राज, युवा जिलाध्यक्ष गौतम राज आ प्रमुख संघ के जिला अध्यक्ष मौजूद रहे लोग।

आशीष आनंद कहलें- “तारापुर के सर्वांगीण विकास खातिर सम्राट चौधरी के समर्पण देख के लागत बा कि जनता पहिले से उनका साथे बिया। हमरा कार्यकर्ता लाेगन के इहे इच्छा रहे कि बसपा विकास के भावना से जुड़ जावs। एहसे हमनी के फैसला कइनी सs कि अब बसपा सम्राट चौधरी के समर्थन करी।”

ऊ बसपा मतदाता लोगन से अपील कइलें कि भाजपा प्रत्याशी सम्राट चौधरी के पक्ष में जमके वोट करीं, ताकि तारापुर में विकास के गाड़ी अउरी तेज चले।

सम्राट विकास के रफ्तार अउरी तेज करिहें : जगदंबिका पाल

दूसरका ओर, मंगर के तारापुर विधानसभा क्षेत्र में सियासी माहौल गरम रहल। भाजपा के वरिष्ठ नेता आ यूपी के पूर्व मुख्यमंत्री जगदंबिका पाल तारापुर के कइयन गो गांवन में जनसंपर्क अभियान चलवलें।

ऊ पहिले सम्राट चौधरी के घरे जाके उनका के जीत खातिर सुभकामना देले। जगदंबिका पाल कहलें – “सम्राट चौधरी बिहार में विकास के राजनीति के नया दिशा देले बाड़ें। ऊ जनता से जुड़ल नेता बाड़ें, जेकर मकसद सेवा आ राज्य के तरक्की बा।”

एकरा बाद ऊ बढ़ौनियां, सुपौर, जमुआ, नवगाई, मिलकी, बनहरा सहित कइयन गो गांवन में घूम के एनडीए प्रत्याशी के समर्थन में वोट मांगे के अपील कइलें।

Read Also: Gorakhpur University : विश्वविद्यालय परिसर के एथलेटिक्स (पुरुष आ महिला) टीम के भइल चयन

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.