JNU Election: जेएनयू छात्रसंघ चुनाव खातिर वोटिंग, मतदान केंद्र पहुंच रहल बा लो छात्र; सांझ पांच बजे तक डालल जाई वोट

Share

जवाहर लाल नेहरू विश्वविद्यालय छात्रसंघ चुनाव आज सुक के हो रहल बा। 7751 मतदाता तय करी लो कि केकरा माथा पs ताज सकी। मतदान खातिर छात्र मतदान केंद्र पहुंच रहल बा लो। सबेरे नौ बजे से वोटिंग सुरू होखे के रहे, बाकिर मतदान सुरू होखे में तनिका देरी भइल। मतदान सांझ पांच बजे तक होई।

मतदान समाप्त होखला के बाद रात नौ बजे से वोटन के गिनती सुरू हो जाई। सनीचर के आधी रात तक मतगणना पूरा होई आ अतवार के सबेरे छोटी होली पs जेएनयू छात्रसंघ के नया टीम सामने होई।

जेएनयू कैंपस में 7751 मतदाता अपना मत के प्रयोग करी लो। विशेष छात्रन के डिजिटल बैलेट पेपर पs मतदान के मवका मिली। मतदान खातिर कैंपस में सारा तइयारी हो गइल बा। दिल्ली हाईकोर्ट के समिति जेएनयू छात्रसंघ चुनाव के निगरानी कs रहल बिया। एकर बाकायदा वीडियोग्राफियो कइल जा रहल बा, ताकि सारा साक्ष्य अदालत में पेश कइल जा सके।

साभार : अमर उजाला

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-