Taiwan: चीन-ताइवान में फेर तनातनी, पीएलए के 32 लड़ाकू विमान कइल घुसपैठ के कोसिस 

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 21, 2024

चीन आ ताइवान के बीच लगातार तनातनी चल रहल बा। बुध आ बियफे के सबरे चीन के सेना ताइवान के सीमा में घुसपैठ के कोसिस कइलस। हालांकि ताइवान के सेना एकर जवाब देलस। ताइवान के

Share

चीन आ ताइवान के बीच लगातार तनातनी चल रहल बा। बुध आ बियफे के सबरे चीन के सेना ताइवान के सीमा में घुसपैठ के कोसिस कइलस। हालांकि ताइवान के सेना एकर जवाब देलस। ताइवान के रक्षा मंत्रालय बियफे के बयान जारी कs के बतवलस कि 32 चीनी लड़ाकू विमान 20 से 21 मार्च के सबेरे करीब छव बजे ताइवान के सीमा के करीब देखल गइल। संगही चीन के नौसेना के पांच गो युद्धक जहाज ताइवान के सीमा के लगे देखल गइल।

चीन आ ताइवान के बीचे एगो अनौपचारिक सीमा

रक्षा मंत्रालय के दावा बा कि पीपुल्स लिबरेशन आर्मी (पीएलए) के एह 32 विमानन में से 20 युद्धक विमान ताइवान जलडमरूमध्य के लंघलस आ दक्षिण-पश्चिमी, दक्षिणपूर्वी आ पूर्वी वायु रक्षा पहचान क्षेत्र (एडीआईजेड) में घुस गइल। बता दीं  कि चीन आ ताइवान के बीच ई जल संधि एगो अनौपचारिक सीमा हs।

ताइवान के राष्ट्रीय रक्षा मंत्रालय (MND) बतवलस कि बिहान ताइवान में 15 चीनी सैन्य विमान आ 10 नौसैनिक जहाज घुस अइली सs। एतनही ना चीन के 15 विमानन में से छव ताइवान के वायु रक्षा पहचान क्षेत्र (एडीआईजेड) के दक्षिण-पश्चिम हिस्सा में घुस गइल। हालांकि, ओह बेरा कवनो विमान ताइवान स्ट्रेट मीडियन लाइन के पार ना कइले रहे।

एकरा बाद ताइवान के बल स्थिति पs नजर रखलस आ गतिविधियन के जवाब में सीएपी विमान, नौसेना के जहाजन आ तटीय मिसाइल प्रणालियन के तैनात कइलस।

ताइवान खुद के संप्रभु राष्ट्र मानेला

रिपोर्ट के मोताबिक, सितंबर 2020 से चीन ताइवान के आसपास सक्रिय सैन्य विमानन आ नौसैनिक जहाजन के संख्या में धीरे-धीरे बढ़न्ती कs के ग्रे जोन रणनीति के अपना उपयोग के बढ़ा देले बा। गौर करे आला बात बा कि चीन, ताइवान के आपन हिस्सा मानेला, जबकि ताइवान खुद के संप्रभु राष्ट्र मानेला। चीन के दबाव के कारण खाली 10 से बेसी देस ताइवान के एगो अलग देस के रूप में मान्यता देले बा।

साभार: अमर उजाला

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.