Jio के प्लान भइल 21 रुपए सस्ता, यूजर्स के मिली ई बेनिफिट्स, TRAI के आदेस के असर

Anurag Ranjan
- Sponsored Ads-

टेक डेस्क : Airtel के तरफ से हाले में सस्ता प्लान ले आवल गइल रहे। अब एही क्रम में जियो आपन डेग बढ़ा देले बा। कंपनी वॉयस आ SMS वाला प्रीपेड प्लान्स के मार्केट में उतरले बा। TRAI के तरफ से टेलीकॉम कंपनियन के अइसन प्लान ले आवे खातिर कहल गइल रहे।

TRAI कहले रहे कि यूजर्स के स्पेशल टेरिफ वाउचर ले आवे के चाहीं। अइसन प्लान्स में यूजर्स के वॉयस आ SMS बेनिफिट्स मिले के चाहीं। अब अइसने कs दिहल गइल बा। तs चलीं रउओ जियो के अइसन प्लान्स के बारे में बतावत बानी सs-

- Sponsored Ads-

Jio 458 Recharge Plan

Jio 458 के प्लान ले आवल गइल। ई एंट्री लेवल प्लान हs, एमे यूजर्स के अनलिमिटेड वॉयस कॉल्स आ एक हजार SMS के सुविधा दिहल जा रहल बा। एह प्लान के वैलिडिटी 84 दिनन की मिली। एकरा संगे यूजर्स के सब्सक्रिप्शन बेनिफिट्स मिलेला। माने यूजर्स जदि ई प्लान किनत बा लो तो साथ में ओह लोगन के जियो टीवी, जियो सिनेमा आ जियो क्लाउड मिले वाला बा। जदि रउआ ई प्लान किनत बानी तs रउआ साथ में Wi-Fi भा डेटा पैक किने के होई। एकरा बादे रउआ एकर बेनिफिट्स मिले वाला बा।

पहिले ई प्लान 479 के आवत रहे एमे वॉयस आ SMS के संगे 6GB डेटा दिहल जात रहे। अब प्लान के अपडेट कइला के बाद 21 रुपिया सस्ता कs दिहल गइल बा, बाकिर एमे डेटा बेनिफिट्स के हटा दिहल गइल बा।

Jio 1958 Recharge Plan

Jio के तरफ से 1958 के प्लान ले आवल गइल बा। एकर वैलिडिटी 365 दिनन के बा। यूजर्स के प्लान में अनलिमिटेड वॉयस कॉल्स आ 3,600 SMS दिहल जात बा। जदि रउआ ई प्लान किनेम तs साथ में जियो ऐप्स के सब्सक्रिप्शनो दिहल जाई। एमे जियो टीवी, जियो सिनेमा आ जियो क्लाउड के सामिल कइल गइल बा। वैल्यू ऑफरिंग के तहत ई प्लान जियो वेबसाइट पs लिस्ट कइले बा।

एकरा पहिले जियो के तरफ से ई प्लान 1899 के कीमत में ले आवल जात रहे। एकर वैलिडिटी 336 दिनन के मिलेला। प्लान में अनलिमिटेड वॉयस कॉलिंग, 3600 SMS, 6GB डेटा दिहल जाला। प्लान अपडेट कइला के बाद जियो कीमत के 59 रुपिया महंगा कs दिहल गइल बा, बाकिर एमे डेटा के हटाके वैलिडिटी के 29 दिन खातिर बढ़ा दिहल गइल बा।

Read Also: JEE Main 2025: जेईई मेन में पहिलही दिन तकनीकी खामी से 114 उम्मीदवारन के परीक्षा प्रभावित, नया डेट घोषित

- Sponsored Ads-

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव [email protected] पs मेल करीं।
Leave a Comment