रांची। प्रवर्तन निदेशालय झारखंड के पूर्व विधायक अंबा प्रसाद से जुड़ल मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में एक बेर फेर बड़ी कार्रवाई कइले बिया। सुक के ईडी रांची आ हजारीबाग सहित कुल 8 ठिकानन पs छापेमारी कइल।
ई छापेमारी अंबा प्रसाद के रिश्तेदारन आ करीबियन के ठिकानन पs कइल गइल बा। प्राप्त जानकारी के अनुसार, रांची आ हजारीबाग में कइयन गो जगहन पs ईडी के टीम पहुंचली सs आ गहन तलाशी अभियान चलावल।
बड़कागांव इस्थित ‘समाधान भवन’ पs दबिश
हजारीबाग जिला के बड़कागांव इस्थित पूर्व विधायक अंबा प्रसाद के आवास ‘समाधान भवन’ पs ईडी के टीम फेर से पहुंचल। एकर पहिलहूं एह ममिला में ‘समाधान भवन’ पs ईडी के दबिश हो चुकल बा।
ई कार्रवाई मनी लॉन्ड्रिंग से जुड़ल एगो बड़ ममिला के हिस्सा हs, जेमे पूर्व विधायक अंबा प्रसाद के नाम सामने आइल बा।
ईडी एह ममिला में लगातार जांच कs रहल बिया सबूत जुटावे के प्रयास कs रहल बिया। अभी तक के छापेमारी में का बरामद भइल बा, एह बारे में आधिकारिक जानकारी सामने नइखे आइल।